Go to ...
RSS Feed

सोनभद्र में सड़क हादसा में मोटरसाइकिल सवार के मौत


सोनभद्र 19 फरवरी (वार्ता) उत्तर प्रदेश के सोनभद्र जिला के करमा क्षेत्र में सड़क किनारे खड़ा टैक्टर से टकरइला का बाद मोटरसाइकिल सवार एगो नवही के मौत हो गइल आ दोसरका घवाहिल हो गइल.

बतावल जात हा कि पसही सबस्टेशन में लाइन मैन के काम करत टिकुरिया निवासी अशोक यादव बहेरा निवासी नईम का साथो काल्हु रतिया करमा बाजार से लाइन सही क के मोटरसाइकिल से पगिया रोड के तरफ जात रहलें. एही दौरान भरकवाह गांव का नियरा सोझा से आवत एगो ट्रक के रोशनी से चउँधिया के एह लोग के तेजरफ्तार मोटरसाइकिल सड़क किनारे खड़ा एगो ट्रैक्टर ट्रॉली से जा टकराइल.

दुनु जने के केकराही सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र ले गइल गइल जहाँ के डाक्टर अशोक यादव के मृत घोषित क दिहलें आ नईम के जिला अस्पताल खातिर रेफर क दिहल गइल.

Tags: ,

More Stories From भोजपुरी पट्टी

%d bloggers like this: