web analytics

अग्नि दू बैलिस्टिक मिसाइल के सफल परीक्षण

बालासोर, 20 फरवरी (वार्ता) सतह से सतह पर मार करे में सक्षम माझिल दूरी वाला अग्नि दू -बैलिस्टिक मिसाइल के आजु भइल इस्तेमाल परीक्षण (यूजर ट्रायल) सफल रहल.

ई परीक्षण ओडिशा तट पर धर्मा का नियरा अब्दुल कलाम द्वीप पर चउथका लांचिंग परिसर से कइल गइल.

आधिकारिक सूत्रन से मालूम भइल कि ठोस प्रणोदक युक्त सतह से सतह पर मार करे वाला एह दूतल्लिया मिसाइल के परीक्षण सबेरे 8-38 बजे कइल गइल आ सफल रहल.

17 टन भारी आ 21 मीटर लमहर एह मिसाइल के मारक दूरी 2000 किलोमीटर के बा आ पेलोड कम क के एह क्षमता के 3000 किलोमीटर के कइल जा सकेला.

 92 total views,  1 views today

%d bloggers like this: