web analytics

गोरखपुर, मिर्जापुर, गाजीपुर, चन्दौली में सड़क हादसन में कई एक मौत

19 फरवरी (वार्ता) गोरखपुर के बांसगांव इलाका में अपना पिता का साथे मोटरसाइकिल पर जात बिशुनपुर गांव के आठ बरीस के रेहान आ ओकर छोट भाई घवाहिल हो गइले सँ जब कौड़ीराम चोराहा का लगे सामने से आवत एगो ट्रक से धक्का लाग गइल. पिता के कवनो चोट ना आइल. जिला चिकित्सालय ले गइला पर डाक्टर रेहान के मृत बता दिहलें. पुलिस ट्रक ड्राइवर के खाजत बिया.

मिर्जापुर के चुनार इलाका में एगो ट्रक आ टेम्पो के टक्कर में तीन जने के मौत हो गइल आ दस जने घाहिल हो गइलें. एह हादसा में लालगंज इलाका के कोठी गांव निवासी पचास बरीस के शिवशंकर गिरि के ठाँवे पर मौत हो गइल. तेरह घाहिलन के चचेरी मोड़ पर सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र भेजल गइल जहवाँ अहरौरा इलाका के कुदारन निवासी दस बरीस के लड़िकी शिल्पा के डाक्टर मृत बता दिहलें. कुछ घाहिलन के वाराणसी ट्रामा सेन्टर रेफर क दीहल गइल. ओहिजा जाए का राह में एक जने के अउर मौत हो गइल. पुलिस ट्रक के कब्जा में ले लिहलि बिया बाकिर चालक फरार बा.

गाजीपुर के मुहम्मदाबाद कोतवाली क्षेत्र में सोमार का दिने ट्रैक्‍टर-ट्राली की चपेट में अइला से मोटरसाइकिल से घरे आवत वाहदीपुर गांव के 45 बरीस के रामदुलारे बिंद के मौत इलाज का दौरान हो गइल.

चन्दौली के अलीनगर इलाका में ट्रैक्टर-ट्राली पलटला से चालक सकलडीहा कोतवाली इलाका के खोरडुहिया गांव निवासी इन्दल बिन्द के मौत हो गइल. एगो मेहरारू के बचावे का फेर में स्टेयरिंग टूट गइल आ किनारे राखल गिट्टी पर चढ़ि के ट्रैक्टर ट्राली पलट गइल. चालक कूद के जान बचावे चहलसि बाकिर ऊ ट्राली का नीचे दबा गइल आ ठाँवे पर ओकर मौत हो गइल.

 444 total views,  2 views today

%d bloggers like this: