जौनपुर में अतिशबाजी का चलते ट्रक में आग लागल

जौनपुर, 19 फरवरी (वार्ता) यूपी के जौनपुर जिला के सरपतहां क्षेत्र इलाका में सोमार का दिने अतिशबाजी का चलते एगो ट्रक में आग लाग गइल आ ओह पर लादल लाखों रुपिया के सामान जरि के राख हो गइल.

पुलिस वालन के कहना बा कि गाज़ियाबाद से परचून के समान लादके एगो ट्रक अतवार का राते बलिया जात रहल. एही बीच सरपतहां इलाका के कादीपुर गांव का लगो एगो बारात में होखत आतिशबाजी के चिंगारी ट्रक पर लादल समान पर जा गिरल आ ओहमें आग लाग गइल.

देखते देखते आग विकराल रुप ध लिहलसि. गनीमत रहल कि ड्राइवर ट्रक के ले के रिहायशी इलाका से बाहर निकाल ले गइल आ 200 मीटर फरदवला जा के लखनऊ-बलिया राजमार्ग प किनारे खड़ा क के केहू तरह आपनो जान बचवलसि.

घटना के खबर मिलला प सोमार के सबेरे करीब तीन बजे दमकल वाले चहुँपलें आ आग बुता के वापिस तवटि गइलें. बाकिर लागता कि आग बढ़िया से बुताइल नी रहल आ कुछ देर बाद फेरु धधक उठल आ कुछे देर में सामान समेत ट्रक जरि के राख हो गइल.