जौनपुर 19 फरवरी (वार्ता) उत्तर प्रदेश सरकार के सामूहिक विवाह योजना का तहत आज सोमार का दिने जौनपुर में 120 जोड़ा के शादी करावल गइल.
जिलाधिकारी अरविन्द मलप्पा बंगारी बतवलन कि टी.डी. कालेज व्यायामशाला में करावल गइल एह सामूहिक विवाह में 120 जोड़न के बिआह करावल गइल. पं0 महेश्वर शास्त्री के नेतृत्व में 115 जोड़न के मंत्रोच्चार से बिआह करावल गइल जबकि पांच गो मुस्लिम जोड़न के निकाह मौलाना मोहम्मद तहजीत आलम पढ़वलन,
ओह मौका पर जौनपुर के सांसद डा0 के पी सिंह का हाथे सगरी जोड़न के प्रमाणपत्र सँउपल गइळ आ सभकर सुखी जीवन के आशीर्वादो दीहलन. कहलन कि सरकार के ई यौजना बहुते सराहे जोग बा.
जिलाधिकारी एह नया बिआहल जोड़न के आशीर्वाद देत बतवलन कि हर जोड़ा पर 35 हजार रूपिया के खर्च भइल बा. 20 हजार रूपिया दुल्हिन के खाता में, 10 हजार रूपिया के सामान आ बिआह करावे के सगरी इन्तजाम में पाँच हजार रूपिया के खरच आइल बा. बतवलन कि सभ कनियन के बिछिया, नाक के कील, पायल, सिन्दूर दानी, साड़ी, पेटीकोट, ब्लाउज, शादी वाली चुनरी, सात गो बर्तन, सूट केस, लेडीज घड़ी, श्रृगांर केस, चूड़ी, बिन्दी, कंघी, नेल पालिस, आंवला तेल, लिपिस्टिक, पाउडर, साबुन, शैम्पू, रिन साबुन, गद्दा, रजाई, चादर, तकिया सहित कुल 24 गो सामान दिआइल बा. कहलन कि एह तरह के आयोजन ब्लाको ब्लॉक करावल जाई.
305 total views, 5 views today