गाजीपुर 19 फरवरी (वार्ता) गाजीपुर के सुहवल इलाका में सोमार का दिने भइल सड़क हादसा में टेम्पो से जात एगो छात्रा के मौत हो गइल आ छह जनी अउर लोग घाहिल हो गइल.
पुलिस से पता चलल कि जमानियां इलाका के रामपुर देवरिया स्थित गोकुल पतंजलि विद्यालय से टेम्पो से कई गो छात्रा अपना घरे गाजीपुर आवत रहीं जब डुहिंया सरैंया का नियरा पीछे से आवत एगो ट्रक टेम्पो के टक्कर मार दिहलसि. एह हादसा में एगो अध्यापक सहित छह जनी छात्रा घाहिल हो गइली. गम्हीराह घवाहिल फुल्लनपुर के रहेवाली छात्रा पूनम यादव के ठाँवे पर मौत हो गइल.
बाकी घाहिलन के जिला चिकित्सालय पहुंचावल गइल. ओहिजा से छात्रा शिखा वर्मा, सुनीता यादव आ अध्यापक बेचन यादव के हालत गंभीर होखत देखि वाराणसी रेफर कर दीहल गइल.
323 total views, 2 views today