web analytics

नीतीश कुमार जापान के प्रधानमंत्री के बिहार आवे के नेवतलन


पटना 19 फरवरी(वार्ता) बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अपना जापान यात्रा का पहिला दिने जापान के प्रधानमंत्री शिंजो आबे से मुलाकात क के बिहार में पर्यटन के संभावनन आ बौद्ध सर्किट के विकास पर बातचीत कइलन. भारत आ जापान के बेहतर रिश्तन के उल्लेख करत कहलन कि दुनु देशन का बीच मैत्रीपूर्ण संबंध प्रधानमंत्रियन के आपसी यात्रन से अउरी पोढ़ भइल बा. जापान के प्रधानमंत्री साथे अपना बातचीत में नीतीश कुमार बिहार में पर्यटन, कृषि आ खाद्य प्रसंस्करण के अपार संभावनन के चरचा कइलन.

श्री नीतीश कुमार कहलन कि हाई स्पीड रेल लिंक से बुद्ध सर्किट के जोड़ल जाए के बा आ ओकरा के ‘पीस कॉरिडोर’ के रूप में विकसित करे के बा. एहमें जापान से तकनीकी सहयोग चाहीं. जापान इंटरनेशनल को-ऑपरेशन एजेंसी का माध्यम से पटना के गया, बोधगया, राजगीर, नालंदा से जोड़े के काम चलत बा जवना के वैशाली लो बढ़ावे के जरूरत बा. एहसे एकर मोल अउरी बढ़ि जाई आ सभे के बौद्ध स्थलन के यात्रा में सुविधा होखी. एहसे दुनु देश का बीच पर्यटनो बढ़ी.

चरचा का दौरान मुख्यमंत्री पटना मेट्रो का डी0पी0आर0 आ नालंदा विश्वविद्यालय में जापान के सहयोग ला उनुका मंत्रिमण्डल सहयोगियन का साथे विस्तार से बात भइल. जापान आवे के नेवते ला ऊ प्रधानमंत्री श्री आबे के धन्यवाद दिहलन आ निहोरा कइलन कि अगिला बेर जब उहाँ के भारत आईं त कुछ समय बिहारो आवे ला जरूर निकालीं.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: