Go to ...
RSS Feed

बस्ती में पिकअप पेड़ से टकराइल, तीन जने मरलें, 18 जने घाहिल


बस्ती, 20 फरवरी (वार्ता) बस्ती जिला के सोहना इलाका में आजु एगो पिकअप पेड़ से जा टकराइल. एह हादसा में तीन जने के मौत हो गइल बा आ 18 जने घाहिल हो गइल बाड़ें.

पुलिस उपाधीक्षक राकेश चंद बलवलें कि श्रावस्ती जिले के बिकौली दरगाह गांव के 41 जने गोरखपुर के नगवा गांव में शादी समारोह में शामिल भइला का बाद लवटत रहलें. राह में ओह लोग के ले आवत वाहन सड़क किनारे एगो पेड़ से जा टकराइल. एह पिकअप में मचान बना के दू हिस्सा बनावल गइळ रहुवे आ दुनु प सवारी मौजूद रहलें.

एह हादसा में तबरेज(15) आ वसीम (16) के मौत ठाँवे प हो गइल. एगो अउर घाहिल अकबर अली (45) के मौत अस्पताल में हो गइल. 18 जने घायल भइल बाड़ें.

Tags:

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: