web analytics

यूपी इन्वेस्टर्स समिट खातिर निवेशकन के लर लागल बा


लखनऊ, 20 फरवरी (वार्ता) यूपी के राजधानी लखनऊ में काल्हु से होखे जा रहल दू दिन के इन्वेस्टर्स समिट में शामिल होखे ला निवेशक आवल शुरू क दिहले बाड़ें.

प्रदेश के औद्योगिक विकास मंत्री सतीश महाना आजु बतवलन कि इन्दिरा गांधी प्रतिष्ठान में आयोजित इन्वेस्टर्स समिट अपना में एगो ऐतिहासिक समिट होखी, जवना के देश आ प्रदेश के ख्यात उद्योगपति सरहले बाड़ें. एह समिट में शामिल होखे ला उद्योगपति खुद ही आवे ला अगुताइल बाड़ें. सतीश महाना बतवलें कि उत्तर प्रदेश के समग्र विकास में आपन पूरा सहयोग देबे के सहमति दे चुकल सात गो कन्ट्री पार्टनरो शामिल होखीहें. ई देश हईं सँ फिनलैण्ड, नीदरलैण्ड, जापान, चेक गणराज्य, थाईलैण्ड, स्लोवाकिया आ मॉरीशस. एह देशन के प्रतिनिधि आ उद्योगपति समिच में शामिल होखीहें.

सरकार उत्तर प्रदेश में निवेश बोलावे ला तय कइले बिया कि उद्योगपति अपना हिसाब से प्रदेश के जवना इलाका में चाहें आपन उद्यम लगा सकीहें. राज्य सरकार आकर्षक आ व्यवहारिक औद्योगिक विकास नीतिओ जारी कइले बिया. साथही उद्यम लगवला पर जरुरी छूट आ सुविधो दीहल जाई.

दू दिन के एह समिट में कुल 30 गो सत्र राखल गइल बा. एकर उद्घाटन प्रधानमंत्री, नरेन्द्र मोदी सबेरे दस बजे करब. ओकरा बाद औद्योगिक विकास मंत्री स्वागत सम्बोधन दीहें. फेर उत्तर प्रदेश इन्वेस्टर्स समिट – 2018 के थीम पर प्रस्तुतिकरण कइल जाई. समिट में देश के ख्यात उद्योगपति मुकेश अम्बानी, गौतम अडानी, सुभाष चन्द्रा, कुमार मंगलम, बिड़ला, आनन्द महेन्द्रा, पंकज पटेल, श्रीमती शोभना कामिनेनी, रशेष शाह आ एन0 चन्द्रशेखरन सम्बोधन करीहें. मॉरीशस के पूर्व राष्ट्रपति, अनिरूद्ध जगन्नाथ, आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के संबोधन का बाद प्रधानमंत्री उद्घाटन सत्र के सम्बोधित करब. आखिर में मुख्य सचिव, राजीव कुमार धन्यवाद ज्ञापित करीहें.

दू दिन के एह समिट में पहिला दिने औद्योगिक विकास नीति सत्र पर केन्द्रीय वाणिज्य आ उद्योग मंत्री, सुरेश प्रभु अउर औद्योगिक विकास मंत्री, सतीश महाना, अवस्थापना विकास सत्र पर केन्द्रीय सड़क परिवहन मंत्री, नितिन गडकरी आ सतीश महाना, सूक्ष्म लघु अउर मध्यम उद्योग सत्र पर केन्द्रीय लघु उद्योग राज्यमंत्री (स्वतंत्र प्रभार), गिरिराज सिंह आ प्रदेश के लघु उद्योग मंत्री, सत्यदेव पचौरी आपन विचार रखीहें.

यूपी ,में इलेक्ट्रानिक सेक्टर विकास सत्र के केन्द्रीय संचार राज्य मंत्री (स्वतंत्र प्रभार), मनोज सिन्हा आ प्रदेश के आई0टी0 राज्यमंत्री मोहसिन रजा, कृषि खाद्य प्रसंस्करण आ डेरी उद्योग सत्र के केन्द्रीय खाद्य प्रसंस्करण मंत्री (स्वतंत्र प्रभार) श्रीमती हरसिमरत कौर बादल आ प्रदेश के उप मुख्यमंत्री, केशव प्रसाद मौर्य अउर कृषि मंत्री, सूर्य प्रताप शाही, अक्षय ऊर्जा की असीमित संभावनन पर केन्द्रीय ऊर्जा राज्यमंत्री (स्वतंत्र प्रभार), राजकुमार सिंह आ प्रदेश के वैकल्पिक ऊर्जा मंत्री, ब्रजेश पाठक सम्बोधित करीहें.

हथकरघा आ वस्त्रोद्योग सत्र के केन्द्रीय वस्त्रोद्योग मंत्री, श्रीमती स्मृति इरानी आ प्रदेश के वस्त्रोद्योग मंत्री सत्यदेव पचौरी, फार्मास्यूटिकल आ बायोटेक्नोलॉजी सत्र के केन्द्रीय स्वास्थ्य अउर परिवार कल्याण राज्यमंत्री, श्रीमती अनुप्रिया पटेल आ प्रदेश के स्वास्थ्य मंत्री, सिद्धार्थ नाथ सिंह, प्रदेश के पर्यटन अउऱ सांस्कृतिक विरासत सत्र के केन्द्रीय पर्यटन सचिव, सुश्री रश्मि वर्मा आ प्रदेश के पर्यटन मंत्री, श्रीमती रीता बहुगुणा जोशी, पर्यावरण अउर उद्योग सत्र के केन्द्रीय पर्यावरण राज्य मंत्री, डॉ महेश शर्मा आ प्रदेश के वन अउर पर्यावरण मंत्री श्री दारा सिंह आ द्योगिक अउर आधारभूत ढांचा सुरक्षा सत्र के केन्द्रीय गृहमंत्री राजनाथ सिंह आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सम्बोधित करब.

22 फरवरी का दिने आई0टी0 सेक्टर के सत्र के केन्द्रीय सूचना प्रौद्योगिकी मंत्री रविशंकर प्रसाद आ उप मुख्यमंत्री डॉ दिनेश शर्मा, सभका ला बैंक सत्र के केन्द्रीय वित्त मंत्री, अरूण जेटली आ प्रदेश के वित्त मंत्री राजेश अग्रवाल, चर्म आ जूता उद्योग सत्र के केन्द्रीय वाणिज्य अउर उद्योग राज्यमंत्री, सी0आर0 चौधरी आ प्रदेश के लघु उद्योग मंत्री सत्यदेव पचौरी सम्बोधित करब.

डिफेंस मैनुफैक्चरिंग सत्र के केन्द्रीय रक्षा मंत्री, श्रीमती निर्मला सीतारमण आ प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, कौशल विकास सत्र के केन्द्रीय कौशल विकास मंत्री धर्मेन्द्र प्रधान आ प्रदेश के व्यवसायिक शिक्षा मंत्री चेतन चैहान, कौशल विकास स्टार्टअप सत्र के विज्ञान अउर तकनीकी मंत्री डॉ हर्षवर्धन आ उप मुख्यमंत्री डॉ दिनेश शर्मा, नागरिक उड्डयन सत्र के केन्द्रीय नागरिक उड्डयन मंत्री पुष्पपति अशोक गजपति राजू आ प्रदेश के नागरिक उड्डयन मंत्री नन्द गोपाल ‘नंदी’, एनआरआई सत्र के केन्द्रीय विदेश राज्यमंत्री, जनरल वी0के0 सिंह (से0नि0) आ प्रदेश के एनआरआई राज्यमंत्री (स्वतंत्र प्रभार), श्रीमती स्वाति सिंह आ मीडिया अउर मनोरंजन सत्र के सांसद, सुभाष चन्द्रा आ प्रदेश के सूचना राज्यमंत्री डॉ नीलकंठ तिवारी सम्बोधित करीहें.

समिट के समापन 22 फरवरी के साँझ साढ़े चार बजे राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद करब. एह समापन सत्र में केन्द्रीय वित्त मंत्री अरूण जेटलीओ शामिल रहब. एकरा अलावे प्रदेश के राज्यपाल राम नाईक आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथो जी समापन सत्र के सम्बोधित करब.

 104 total views,  1 views today

%d bloggers like this: