web analytics

राज्यपाल नाईक से मॉरीशस के रक्षा मंत्री अनिरूद्ध जगन्नाथ शिष्टाचारिक भेंट कइलें


लखनऊ 20 फरवरी (वार्ता) उत्तर प्रदेश के राज्यपाल राम नाईक से आज राजभवन में मॉरिशस के रक्षामंत्री अनिरूद्ध जगन्नाथ शिष्टाचारिक भेंट कइलें. एह बारे में राज्यपाल नाईक जी कहनी कि भारत आ मॉरिशस के डीएनए लगभग एके ह. मॉरिशस से भारत के पुरान रिश्ता ह आ आध्यात्मिक अउर सांस्कृतिक दृष्टि से दुनु देशन में एकरूपता मिलेला. पर्यटन के क्षेत्र में, खास क के धार्मिक पर्यटन का माध्यम से दुनु देश अउरी करीब आ सकेलें.

नाईक जी कहनी कि पर्यटन में सहयोग आ सांस्कृतिक आदान-प्रदान के पहल से विश्व पटल पर दुनु देशन के नया पहचान बनी. बतवनी कि साल 2002 में ऊ पेट्रोलियम मंत्री का नाते मॉरिशस गइल रहीं आ ओहिजा रिटेल आउटलेट्स के शुरूआत करवले रहीं.

मॉरिशस के रक्षामंत्री अनिरूद्ध जगन्नाथ जी बतवनी कि 13 लाख के आबादी वाला देश मॉरिशस के 60 फीसदी आबादी भारतीय मूल के लोगन के हवे. हम एक तरह से आपन जड़ खोजे यूपी आइल बानी. उत्तर प्रदेश आ भोजपुरी भाषा के करीबी नाता ह. सामान्य आ धार्मिक पर्यटन का क्षेत्र में दुनु देश में अथाह सम्भावना बा. उमीद करत बानी कि समिट का माध्यम से हमनी के आपसी संबंध अउरी मजगर आ पोढ़ होखी.

श्री अनिरूद्ध जगन्नाथ का साथे मॉरिशस के उच्चायुक्त जगदीश्वर गोबरधन, एम0 गनपति आ अउरिओ सदस्य मौजूद रहलें. ई प्रतिनिधिमण्डल इनवेस्टर्स समिट-2018 में शामिल होखे ला आइल बा.

 93 total views,  2 views today

%d bloggers like this: