नयी दिल्ली, 21 फरवरी (वार्ता). दिल्ली के मुख्य सचिव अंशू प्रकाश का साथे भइल बदसलूकी के मामिला में आआपा विधायक प्रकाश जरवाल के अंबेडकर नगर में उनुका आवास से गिरफ्तार क लीहल गइल बा.
आआपा बोलतुआ सौरभ भारद्वाजो अपना ट्वीट से एह विधायक के गिरफ्तारी के पुष्टि कइले बाड़न. लिखले बाड़न कि दिल्ली पुलिस बिना कवनो सबूत विधायक के गिरफ्तार कइले बिया.
जाने जोग बा कि शअंशु प्रकाश का साथे मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल का सरकारी आवास पर भइल बदसलूकी, धक्का मुक्की आ पिचाई का शिकायत पर पुलिस काल्हु केस लिखले रहुवे.
एहा मामिला में केजरीवाल के सलाहकार वीके जैनो के हिरासत में लीहल गइल बा. पुलिस के कहना बा कि जैन से पूछताछ करे खातिर उनुका के महारानी बाग का उनुका डेरो से हिरासत में लीहल गइल बा.
ओखला के विधायक अमानतुल्लाह खानो का घर का आसपास काल्हुए सा पुलिस तैनात बिया उनुका के तिकवत बिया. कई एक जगहा दबिशो देत बिया बाकिर ऊ धरात नइखन.
361 total views, 5 views today