web analytics

आखिरी दिने उप्र के दुनु लोकसभा सीटन ला 32 गो परचा दाखिल

लखनऊ 20 फरवरी (वार्ता) उत्तर प्रदेश के गोरखपुर आ फूलपुर लोकसभा सीट ला 11 मार्च के होखे जात उपचुनाव ला मगल का आखिरी दिने कुल 32 गो उम्मीदवार आपन परचा दाखिल कइलें.

निर्वाचन कार्यालय से मिलल जानकारी बा कि गोरखपुर संसदीय क्षेत्र से आजु नगेद्र प्रसाद साहनी (समाजवादी पार्टी),डा0 सुरियता करीन(कांग्रेस), उपेन्द्र शुक्ला (भाजपा),पूनम विश्वकर्मा (राष्ट्रवादी जनशक्ति पार्टी) शेलेश कुमार(जनहित पार्टी), अवधेश ( बहुजन मुक्ति मोर्चा) का अलावा आठ गो निर्दलीय उम्मीदवरो आपन परचा दाखिल कइले बाड़ें. ने अपना नामांकन पत्र भरा है1 इस सीट के लिए अब तक कुल 17 प्रत्याशियों ने नामांकन दाखिल किया है।

फूलपुर लोकसभा सीट ला आखिरी दिने 18 गो परचा दाखिल भइल. अब एहिजा कुल 30 गो प्रत्याशी हो गइलें. आजु परचा दाखिल करे वालन में मनीष मिश्रा (कांग्रेस) कौशलेन्द्र सिंह (भाजपा) सुरेश चन्द्र उपाध्याय (भारतीय किसान सेना लोकतांत्रिक), कमला प्रसाद ( अम्बेडकर युग), प्रेम चन्द(अपना दल), मिश्री लाल(स्वतंत्रता जनराज पार्टी), गणेश जी त्रिपाठी (राष्ट्रीय बंधुत्व पार्टी), धीरेन्द्र कुमार( समदर्शन समाज पार्टी) आ दस गो निर्दलीय उम्मीदवार रहलें.

एह दाखिल परचन के जाँच बुध का दिने कइल जाई आ नाम वापसी के तारीख 23 फरवरी ले बा.

 375 total views,  5 views today

%d bloggers like this: