पटना, 21 फरवरी (वार्ता). आयकर विभाग के संयुक्त आयुक्त राम बाबू गुप्ता के सिक्कम के एगो मेडिकल छात्रा संगे छेड़खानी करे का आरोप में आजु तड़के गिरफ्तार क लिहल गइल.
पुलिस बतावत बिया कि पटना पुलिस के विशेष टीम आजु तड़के करीब तीन बजे एकलव्य सुपर-50 के दीघा स्थित हॉस्टल से उनुका के गिरफ्तार क लिहलसि. राम बाबू गुप्ता एह छात्रावास के चीफ मेंटर बतावल जात बाड़न. पीड़ित छात्रा एही सुपर-50 कोचिंग संस्थान में मेडिकल प्रतियोगिता परीक्षा के तैयारी करत रहल आ एकरे छात्रावास में रहत रहल.
राजधानी पटना के बोरिंग रोड इलाका के एह एकलव्य संस्थान में मेडिकल प्रतियोगिता परीक्षा के तैयारी करे वाली सिक्कम के एगो छात्रा रामबाबू गुप्ता पर छेड़छाड़ के आरोप लगावत काल्हु देर रात दीघा थाने में प्राथमिकी दर्ज करवलसिय ओकर कहना बा कि 16 आ 17 फरवरी के रात छात्रावास के कमरा में घुसके राम बाबू ओकरा निजी अंग से छेड़छाड़ कइलन.
एकलव्य सुपर-50 आ सिक्किम सरकार का बीच एगो सहमति (एमओयू) बा जवना चलते सिक्किम के छात्र बिहार आके प्रतियोगिता परीक्षा के तइयारी करेलें.
249 total views, 2 views today