गोण्डा 20 फरवरी (वार्ता ). गोण्डा के कर्नलगंज क्षेत्र में एगो आदमी से बीस हजार रुपये लूटके भागत बदमाश के मुठभेड़ क के गिरफ्तार क लीहल गइल. मुठभेड़ में गोली लगला से से बदमाश आ एगो पुलिसकर्मी घाहिल हो गइलें.
पुलिस अधीक्षक उमेश कुमार सिंह बतवलें कि बालपुर इलाका में सर्व यू पी ग्रामीण बैंक से रुपिया निकाल के व्यवसायी विजय कुमार जात रहलें जब राह में ओकरा से ई रुपिया लूट के बदमाश फरार हो गइलें. खबर मिलते पुलिस बदमाशन के घेर लिहलसि.
अपना के घेराइल देखि बदमाश गोली चलावे तगले सँ आ एगो आरक्षी मोहित घाहिल हो गइलें. पुलिस के जवाबी फायरिंग में रामफेर नाम के लुटेरा घाहिल हो गइल बाकिर ओकर संघतिया भाग गइल. घायल लुटेरा के लगे से लूटल नगदी आ तमंचा अउर कारतूस बरामद भइल बा.
घायल बदमाश आ कांस्टेबल के अस्पताल में भरती करा दीहल गइल बा. लुटेरा के चार गो भाईओ हिस्ट्रीशीटर हउवें सँ आ सभनी का खिलाफ थानन में कई गो मुकदमा दर्ज बा.
मुठभेड़ में शामिल पुलिसकर्मियन के देवी पाटन परिक्षेत्र के पुलिस उपमहानिरीक्षक अनिल कुमार राय बीस हजार रुपिया इनाम देबे के एलान कइले बाड़न.
252 total views, 5 views today