दू गो मोटरसाइकिलन के टक्कर में दू गो परीक्षार्थियन के मौत

सिवान 21 फरवरी (वार्ता). सिवान जिला के बड़हरिया थाना क्षेत्र के कोयई गांव का नियरा सिवान-बड़हरिया मुख्य मार्ग पर आजु दू गो मोटरसाइकिल का टक्कर में दू गो परीक्षाथिर्थियन के मौत हो गइल आ दू गो घवाहिल हो गइलें.

पुलिस से पता चलल कि कोयई गांव निवासी छठी लाल सिंह अपनी बेटी आ भतीजा के मैट्रिक परीक्षा दिआवे ला मोटरसाइकिल से जात रहलें जब न-सिवान बड़हरिया मुख्य मार्ग पर एगो दोसर मोटरसाइकिल से टक्कर हो गइल. एह हादसा में छठी लाल सिंह के मौके पर मौत हो गइल. उनुकर बेटी, भतीजा आ दोसरकी मोटरसाइकिल पर सवार एगो नवही घवाहिल हो गइले.

दोसरका मोटरसाइकिल सवार नवही के जब अस्पताल ले जाइल जात रहुवे त राहे में ओकरो मौत हो गइल. बाकी घवाहिलन के पटना भेजल गइल बा.