निजी विवि से घरे बइठल डिग्री
February 21, 2018
पटना 21 फरवरी (वार्ता) बिहार के राजधानी पटना में कईएक निजी संस्थानों का जरिए मेडिकल, इंजीनियरिंग समेत कई तरह के कोर्सेज के फर्जी डिग्रियन के गोरखधंधा के भंडाफोड़ भइल बा.
पुलिस सूत्र बतावत बाड़ें कि पटना के खाजपुरा के रॉयल इंस्टीच्यूट में छापेमारी का बाद देश के कई निजी विश्वविद्यालयन से जुड़ल डिग्री देबे के भंडा फूट गइल बा. शिकायत मिलल रहुवे कि एह संस्थान से मेडिकल, इंजीनियरिंग, बीएड समेत कई तरह के डिग्री रुपिया ले के घरे बइठल दीहल जा रहल बा. अब खुलासा का बाद कई एक जगहा छापा मारल जा रहल बा.
दोसरा तरफ, एह निजी संस्थान के दावा बा कि इंस्टीच्यूट के जरिए विभिन्न विश्वविद्यालयन से जारी डिग्री फर्जी ना हईं स आ एकर रिकार्ड ओह विश्वविद्यालन में देखल जा सकेला.
लागत बा कि एह गोरखधंधा में ओह विश्वविद्यालयन के कर्मचारी आ अधिकारिओ शामिल होखीहें. संस्थान के निदेशक इश्तियाक अहमद फर्जी डिग्री बाँटे के आरोप नकारत कहत बाड़न कि ऊ ओह विश्वविद्यालयन के शिक्षण संस्थानन के अधिकृत सेंटर संचालित करेलें.