पटना विवि के त केन्द्रीय दर्जा दिलवा ना पवलें अब जापान से का ले आ पइहें

पटना, 21 फरवरी (वार्ता). बिहार विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के जापान यात्रा पर तंज कसत कहले बादड़न कि जे देश के सबले पुरान विश्वविद्यालयन में शामिल पटना विश्वविद्यालय के केन्द्रीय विश्वविद्यालय के दर्जा ना दिलवा सकत ऊ नाकाम मुख्यमंत्री जापान से कवन निवेश लेके अइहें.

तेजस्वी यादव ट्वीट कइले बाड़न कि, “मुख्यमंत्री नीतीश कुमार हाथ जोड़कर गिड़गिड़ाने के बावजूद देश के प्रधानमंत्री और अपने गठबंधन के शीर्ष नेता से पटना विश्वविद्यालय को केंद्रीय विश्वविद्यालय का दर्जा नहीं दिला पाए, वो जापान से क्या निवेश लेकर आयेंगे। आप समझ सकते है। बिहार की जनता अब झांसा कुमार के झाँसे को समझ चुकी है।”

जाने जोग बा कि बिहार के उप मुख्यमंत्री रहल आ राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के बेटा तेजस्वी यादव 10 फरवरी से बिहार में ‘न्याय यात्रा’ पर बाड़न. एह न्याय यात्रा के जरिए तेजस्वी यादव बिहार के नीतीश सरकार का खिलाफ लगातार हमला बोलल बाड़न.