नयी दिल्ली, 21 फरवरी (वार्ता) केंद्रीय जांच ब्यूरो (सीबीआई) काल्हु देर रात पंजाब नेशनल बैंक घोटाला मामिला में बैंक के महाप्रबंधक रैंक के एगो अधिकारी के गिरफ्तार क लिहलसि.
सीबीआई सूत्र बतवलें कि राजेश जिंदल नाम के एगो बैंक अधिकारी के गिरफ्तार कइल गइल बा. जिंदल अगस्त 2009 से 2011 का बीच पीएनबी के ब्रैडी हाउस बांच के प्रभारी रहलें आ एही दौरान नीरव मोदी के कंपनी के बिना मंजूरी के एलओयू जारी करे के सिलसिला शुरू भइल रहुवे. जिंदल एह घरी पीएनबी मुख्याल में महाप्रबंधक (ऋण) के पद पर तैनात बाड़न.
सीबीआई काल्हु रात नीरव मोदी आ मेहुल चौकसी के कंपनियन के पांच गो पदाधिकारियनो के गिरफ्तार कइले बिया. जाँच एजेंसी पीएनबी के 10 गो अधिकारियन से आ नीरव मोदी अउर मेहुल चौकसी के कंपनियन के 18 गो कर्मचारियों से पूछताछ कइले रहल.
278 total views, 5 views today