गोरखपुर 21 फरवरी (वार्ता) रेलवे प्रशासन फगुआ के भीड़ से निपटे ला हावड़ा-गोरखपुर आ कोलकाता-छपरा का बीच एक एक जोड़ी होली विशेष गाड़ी चलावे के तय कइले बावे.
गाडी संख्या 03031 हावड़ा-गोरखपुर होली विशेष गाड़ी हावड़ा से 28 फरवरी के राति 23.55 बजे खुली आ बर्द्धमान, दुर्गापुर, आसनसोल, चितरंजन, मधुपुर, जसीडीह, क्यूल, बरौनी, शाहपुर पटोरी, हाजीपुर, सोनपुर, छपरा, सीवान, भटनी होखत दुसरा दिने साँझ 17.30 बजे गोरखपुर चहुँपी. एने से लवटति में 03032 गोरखपुर-हावड़ा होली विशेष गाड़ी 1 मार्च के गोरखपुर से 19.05 बजे खुली आ ओही टीसनन से होत अगिला दिने 12.40 बजे हावड़ा चहुंपी. एह विशेष गाड़ी में साधारण श्रेणी के 04, शयनयान श्रेणी के 10 आ 02 एस.एल. आर. सहित कुल 16 गो कोच लगावल जाई.
गाडी संख्या 03135 कोलकाता-छपरा होली विशेष गाड़ी 26 फरवरी के कोलकाता से 20.05 बजे खुल के बर्द्धमान, दुर्गापुर, आसनसोल, चितरंजन, मधुपुर, जसीडीह, क्यूल, बरौनी, समस्तीपुर, मुजफ्फरपुर, हाजीपुर, सोनपुर टीसनन पर रुकत अगिला दिने 10.00 बजे छपरा चहुंपी. एने से लवटे में 03136 छपरा-आसनसोल होली विशेष गाड़ी 27 फरवरी के छपरा से 13.20 बजे खुली आ दुसरा दिने 01.10 बजे आसनसोल चहुंपी. एह विशेष गाड़ी में साधारण श्रेणी के 06, शयनयान श्रेणी के 09, वातानुकूलित थ्री टियर के 05, वातानुकूलित टू टियर के 01 आ 02 एस.एल. आर./एस. एल.आर. डी. सहित कुल 23 गो कोच लगावल जाई.
407 total views, 2 views today