बलिया 21 फरवरी (वार्ता). बलिया जिला के उभांव क्षेत्र के एगो लड़िकी इनार में कूद के जान दे दिहलसि काहें कि ओकर एगो बदनाम करे वाला फोटो सोशल मीडिया पर वायरल हो गइल बा.
पुलिस के कहना बा कि शेखपुर गाँन के ललिता चौहान (20) के लाश गाँव के एगो इनार में मिलला के खबर पा के पुलिस ओहिजा चहुँपल आ लाश के इनार से निकलवा के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहलसि. बतवलें कि कुछ दिन पहिले एगो नवही का साथे ओकर फोटा व्हाट्सएप पर वायरल हो गइल रहुवे. ओही से दुखी हो के ऊ अइसन काम कइलसि.
आरोपी नवही का खिलाफ मुकदमा दर्ज क के जाँच शुरू क दिहले बिया पुलिस.
583 total views, 5 views today