web analytics

बोलेरो में आग लगा के एगो नवही के जरावे के कोशिश कइले सँ बदमाश

जौनपुर, 21 फरवरी (वार्ता). जौनपुर के खुटहन क्षेत्र में घर के बाहर खड़ा बोलेरो में आग लगाके बदमाशों ओकरा में सूतल नवही के जियता जरा दीहल चहले सँ. नवही केहू तरह भाग के आपन जान बचवलसि. बाकिर गाड़ी राख हो गइल.

पुलिस के कहना बा कि खुटहन क्षेत्र में कृष्णापुर के रमाकान्त काल्हु रात अपना घर का पीछे खड़ा बोलेरो में सूतल रहे जब राति करीब दू बजे कुछ बदमाश ओह में आग लगा दिहलें. आग के लहोक देखि लोग चिचियाइल त रमाकान्त कसहूं गाड़ी से कूद के भागल. लोग आग बुतावे के भरपूर कोशिश कइल बाकिर गाड़ी के ना बचा सकल आ गाड़ी जरि के खाक हो गइल.

हालांकि पुलिस अधीक्षक के के चौधरी के कहना बा कि अबहीं ले पीड़ित का ओर से कवनो तहरीर नइखे मिलल. शिकायत मिलला पर कार्रवाई होखी.

 214 total views,  5 views today

%d bloggers like this: