गोरखपुर 20 फरवरी (वार्ता) पूर्वोत्तर रेलवे के इज्जतनगर मंडल के मझोला पकड़िया-टनकपुर रेल खण्ड पर आमान बदलला का बाद बुध 21 फरवरी का दिने विशेष सवारी गाड़ी चला के उद्घाटन कइल जाई. ओकरा बाद 22 फरवरी से पीलीभीत-टनकपुर के बीच चार जोड़ी सवारी गाड़ियन के चलल शुरू हो जाई.
गाडी संख्या 55372 टनकपुर-पीलीभीत सवारी गाड़ी टनकपुर से 07.30 बजे चलल करी आ वनबसा, चकरपुर हाल्ट, खटीमा , मझांला पकड़िया आ न्योरिया हुसैनपुर प रुकत 09.15 बजे पीलीभीत चहुँपल करी.
गाडी संख्या 55734 टनकपुर-पीलीभीत सवारी गाड़ी टनकपुर से 10.15 बजे खुली आ एही टीसनन प रुकत चलत 12.00 बजे पीलीभीत चहुंपल करी.
गाड़ी संख्या 55376 टनकपुर-पीलीभीत सवारी गाड़ी टनकपुर से 14.45 बजे खुली आ 16.30 बजे पीलीभीत चहुँपी.
गाड़ी संख्या 55378 टनकपुर-पीलीभीत सवारी गाड़ी टनकपुर से 17.15 बजे खुली आ 19.00 बजे पीलीभीत चहुँपी.
पीलीभीत से टनकपुर जाए वाली गडियन में गाडी संख्या 55371 पीलीभीत-टनकपुर सवारी गाड़ी पीलीभीत से 07.25 बजे खुल के न्योरिया हुसैनपुर, मझोला पकड़िया , खटीमा, चकरपुर हाल्ट आ वनबसा से रुकत चलत 09.05 बजे टनकपुर चहुँपी.
गाडी संख्या 55373 पीलीभीत-टनकपुर सवारी गाड़ी पीलीभीत से 10.10 बजे खुल के 11.55 बजे टनकपुर चहुँपी.
गाडी संख्या 55375 पीलीभीत-टनकपुर सवारी गाड़ी पीलीभीत से 13.55 बजे खुल के 15.35 बजे टनकपुर चहुँपी.
गाडी संख्या 55377 पीलीभीत-टनकपुर सवारी गाड़ी पीलीभीत से 17.15 बजे खुल के 18.55 बजे टनकपुर चहुँपी.
273 total views, 5 views today