रोटोमैक घोटाला में कोठारी का बाद अब बैंक अधिकारियन के नंबर
February 21, 2018
कानपुर, 21 फरवरी (वार्ता) कानपुर के रोटोमैक कंपनी मालिक विक्रम कोठारी पर शिकंजा कसला का बाद सीबीआई आ ईडी के टीम अब कुछ बैंक अधिकारियन पर शिकंजा कसे खातिर ओह लोग से पूछताछ शुरु क सकेलें.
सुने में आव बा कि एह बैंक अधिकारियन के पूछताछ खातिर सीबीआई आ ईडी के टीम जल्दिए बोलहटा भेजी. कहल जात बा कि बैंक आफ बड़ौदा के तहरीर पर सीबीआई कुछ अनाम बैंक अधिकारियन का खिलाफ धोखाधड़ी के मुकदमो लिख लिहले बिया. अइसना में सीबीआई के शिकंजा बड़का बैंक अधिकारियने पर कसे के पूरा उमेद बा.
हालांकि अबहीं ई साफ नइखे पता कि कवना कवना अधिकारियन के बैंक ऑफ बड़ौदा आरोपी बनवले बावे. शायद उहे लोग होखी जे लोग कोठारी के करजा दिहलें भा लोन लेबे में मदद कइले होखीहें.