वार्ड पार्षद से छह लाख 80 हजार के लूट

गोपालगंज, 21 फरवरी (वार्ता) गोपालगंज जिला के नगर थाना के कमला राय महाविद्यालय रोड से अपराधी आजु एगो वार्ड पार्षद से छह लाख 80 हजार रूपिया लूट लिहलें.

पुलिस से पता चलल बा कि बैकुंठपुर थाना के बॉस गांव मंसुरिया पंचायत के वार्ड सं0 11 के सदस्या शाहजहां बेगम अपना पति सलाउदीन मियां का साथे केनरा बैंक के शाखा से 6 लाख 80 हजार रूपिया निकाल के रिक्शा से कमला राय महाविद्यालय परीक्षा केन्द्र जात रहली जब एगो मोटरसाइकिल पर सवार दू गो अपराधी उनुकर रूपिया वाला झोरा छीने लीहले. एह छीना झपटी का दौरान सलाद्दीन मियाँ गंभीराह घाहिल हो गइलें. उनुका के गोपालगंज सदर अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

वार्ड पार्षद के बयान पर उनके पंचायत के मुखिया पुत्र छोटेलाल साह के पुलिस हिरासत में लेके पूछताछ करत बिया काहें कि रुपिया निकाले के जानकारी ओकरे रहुवे.