web analytics

विधायक रहल पूजा पाल के निकाल दिहलसि बसपा


इलाहाबाद,21 फरवरी (वार्ता). बहुजन समाज पार्टी अपना विधायक रहल पूजा पाल प अनुशासनहीनता बरते के आरोप लगावत अपना गोल से निकाल दिहलसि.

बसपा के इलाहाबाद-मिर्जापुर मंडल के जोनल कोआर्डिनेटर अशोक कुमार गौतम आजु बतवलन कि शहर पश्चिमी विधानसभा से दू बेर विधायक रहल पूजा पाल बसपा कार्यकर्तन के अनदेखी करत रहली आ अपना इलाका प धेयान ना देत रहली ह. उनुका प गोल के कायदा ना माने के आरोपो बावे.

कहलन कि विधानसभा चुनाव 2017 का बाद से ऊ बसपा से कवनो तरह के सहयोग ना करत रही. कहलन कि बसपा में नियम कायदा ना मानेवालन के जगहा ना होला, चाहे ऊ कतने बड़ नेता होखसु.

गौतम कहलन कि इलाहाबाद आ फतेहपुर में जनाधार तेजी से बढावे खातिर संगठन के जिला कमेटी में बदलाव करत दीप चंद गौतम, एडवोकेट के अवधेश गौतम का बदले नया जिलाध्यक्ष आ अभिषेक गौतम एडवोकट के फतेहपुर के जिलाध्यक्ष बनावल गइल बा.

वइसे जानकार बतावत बाड़न कि करीब 13 बरीस से बसपा से साथ निभावत विधायक रहल पूजा पाल ्पना नया सियासी नाव पर सवार होखे के तइयारी क लिहले बाड़ी. भाजपा से उनुकर नजदीकि बढ़े के बाति हवा में तैरत बा. एकरे भनक लागत बसपा सुप्रीमो का निर्देश पर उनुका के गोलबाहर क दीहल गइल बा.

जाने जोग इहो बा कि 2004 के आम चुनाव में फूलपुर से समाजवादी पार्टी के टिकट पर अतीक अहमद सांसद चुनाइल रहलें. ओकरा बाद इलाहाबाद पश्चिम विधानसभा सीट खाली भइला पर उपचुनाव में सपा अतीक के छोट भाई मो. अशरफ के टिकट दिहले रहे सपा आ बसपा राजू पाल के लड़वले रहल. ओह चुनाव में राजू पाल अशरफ के हरा दिहले रहलें.

हालांकि पहिला बेर विधायक बनल राजू पाल के कुछेके महीना बाद 25 जनवरी 2005 के दिनदहाड़े गोली मार के हत्या क दीहल गइल. ओकरा बाद 2007 के विधानसभा चुनाव में बसपा राजू पाल के पत्नी पूजा पाल के टिकट दिहलसु आ पूजा इलाहाबाद पश्चिमी सीट से अतीक के भाई अशरफ के हराके विधायक बन गइली. साल 2012 का चुनावो में उहे जीतल रहली.

 92 total views,  1 views today

%d bloggers like this: