गोरखपुर 21 फरवरी (वार्ता). पूर्वोत्तर रेलवे के कई एक रेल लाईनन पर मौजूद मानव रहित क्रासिंग का जगहा सब-वे बनवला के काम का दौरान कई एक ट्रेनन के संचालन पर असर पड़े वाला बा.
पूर्वोत्तर रेलवे के कहना बा कि रेलवे क्रासिंग पर होखे वाला हादसा से बचे खातिर क्रासिंगन पर कम ऊँचाई के सब-वे बनावल जा रहल बा. वाराणसी मण्डल के पनियहवा-कप्तानगंज रेल खण्ड पर खड्डा आ सिसवा बाजार टीसन का बीत समपार संख्या-30 पर कम ऊंचाई के सब-वे निर्माण खातिर आजु साँझ ले बंद कइल गइल बा.
55079/55080 बेतिया-गोरखपुर सवारी गाड़ी गोरखपुर-नरकटियागंज के बीच निरस्त रही. 19039 बांद्रा टर्मिनस-मुजफ्फरपुर अवध एक्सप्रेस 65 मिनट नियंत्रित होके चली आ 15273 रक्सौल-आनन्द विहार टर्मिनस सत्याग्रह एक्सप्रेस 120 मिनट रक्सौल से रिशिड्यूल क के चलावल जाई.
मऊ-भटनी रेल खण्ड पर लार रोड-सलेमपुर टीसन का बीच समपार संख्या-11 पर कम ऊंचाई के सब-वे निर्माण ला 22 फरवरी के 09.40-15. 40 बजे तक के ब्लाक लिहल गइल बा. एह रुट पर 55120 वाराणसी सिटी-गोरखपुर सवारी गाड़ी 50 मिनट नियंत्रित होके चली.
बलिया-इन्दारा रेल खण्ड पर रतनपुर आ इन्दारा टीसन का बीच समपार संख्या 25 पर कम ऊंचाई के सब-वे निर्माण खआतिर लीहल ब्लाक का चलते 26 फरवरी के 10.00 बजे से 16.00 बजे का बीच 19045 सूरत-छपरा राप्ती गंगा एक्सप्रेस मार्ग 60 मिनट नियंत्रित होके चली.
लखनऊ मण्डल के बुढ़वल-सीतापुर कैण्ट रेल खण्ड पर महमूदाबाद अवध-सरैया टीसन का बाच समपार संख्या-43 पर आ परसेण्डी-सीतापुर कैण्ट टीसन का बीच समपार संख्या-86 पर कम ऊंचाई वाला सब-वे निर्माण ला आजु 21 फरवरी के 09.30 बजे से 15.30 बजे ले ब्लाक दीहल गइल बा आ एह चलते 55038 सीतापुर कैण्ट-बुढ़वल, 54324 सीतापुर कैण्ट-बुढ़वल आ 54323 बुढ़वल-सीतापुर कैण्ट सवारी गाड़ियाँ निरस्त रही. 55033 गोण्डा-सीतापुर कैण्ट सवारी गाड़ी बुढ़वल स्टेशन पर यात्रा समाप्त करी.
आनन्दनगर-गोण्डा खण्ड पर शोहरतगढ़-परसा टीसन का बाच समपार संख्या-73 पर कम ऊंचाई के सब-वे निर्माण ला 22 फरवरी के 08.00-14. 00 बजे के ब्लाक दिहल गइल बा. एह चलते 55031 नकहा जंगल-लखनऊ जं0 सवारी गाड़ी नकहा जंगल में 04 घण्टा 15 मिनट रिशिड्यूल क के 12.00 बजे चलावल जाई. 75008 गोण्डा-गोरखपुर सवारी गाड़ी सुभागपुर स्टेशन पर 122 मिनट विलम्बित क के 10.40 बजे चलावल जाई आ 75007 गोरखपुर-गोण्डा सवारी गाड़ी 75 मिनट विलम्बित क के 17.15 बजे चलावत जाई.
एकरा अलावे 55077 गोरखपुर-बढ़नी सवारी गाड़ी आनन्दनगर स्टेशन पर यात्रा समाप्त क ली आ 55078 बढ़नी-गोरखपुर सवारी गाड़ी आनन्दनगर स्टेशन से चलावल जाई. गाड़ी संख्या 55077/55078 गोरखपुर-बढ़नी-गोरखपुर सवारी गाड़ी आनन्दनगर से बढ़नी का बीच निरस्त रही.
386 total views, 2 views today