अस्पताल से छुट्टी मिलला का बाद पर्रिकर गोवा चहुंपलें

मनोहर पर्रिकर के पुरान फोटो

पणजी, 22 फरवरी (वार्ता) गोवा के मुख्यमंत्री मनोहर पर्रिकर मुंबई के लीलावती अस्पताल से छुट्टी मिलला का बाद आजु गोवा आ गइलें.

बतावल जात बा कि एगो विशेष विमान से ऊ वास्को के गोवा अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा पर अइलें. आ आजु विधानसभा में बजट पेश क सकेलें.

जाने जोग बा कि मनोहर पर्रिकर के तबियत बहुते खराब हो गइल रहुवे. उनुका के 15 फरवरी के लीलावती अस्पताल में भरती करावल रहे. एकरा पहिले उनुकर इलात गोवा मेडिकल कॉलेज अस्पताल में चलल रहुवे.