web analytics

उपचुनाव में भभुआ उम्मीदवार का चलते कांग्रेस में कलह

पटना 21 फरवरी(वार्ता) बिहार के भभुआ विधानसभा उप चुनाव में कांग्रेस के शंभू पटेल के उम्मीदवार बनवला ले के गोल का भीतर कलह शुरू हो गइल बा.

कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष रहल आ विधान परिषद के सदस्य अशोक चौधरी के कहना बा कि महज उम्मीदवार उतार दिहला से चुनाव ना जीतल जाव. जीते ला कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष आ कांग्रेस विधानमंडल दल के नेता के जिम्मेवारी लेबे के चाहीं. खाली अपना सहयोगी गोल से सीट ले के चुनाव ना जीतल जा सके.

ओहिजे गोल के पुरान नेता आ विधान परिषद सदस्य दिलीप चौधरी के कहना बा कि भभुआ उप चुनाव में गोल गलत उम्मीदवार के लड़ावत बिया. कांग्रेस विधानमंडल दल के नेता सदानंद सिंह के नाम लिहले बिना दिलीप चौधरी के कहना रहे कि पटेल एगो खास आदमी के पसंद हउवें आ उनुका के टिकट देबे से पहिले गोल में बाति विचार ना कइल गइल.

जबकि कांग्रेस के कार्यकारी प्रदेश अध्यक्ष कौकब कादरी के कहना बा कि भभुआ सीट से पार्टी के जमीनी कार्यकर्ता के उम्मीदवार बनावल गइल बा. उनका के टिकट देबे से पहिले स्थानीय नेता लोग से एक-एक बिन्दु पर राय लीहल गइल.

 369 total views,  5 views today

%d bloggers like this: