web analytics

जौनपुर में ट्रक के चपेट में पड़ि के एगो औरत के मौत

जौनपुर, 22 फरवरी (वार्ता). जौनपुर के बदलापुर इलाका में आज ट्रक के चपेट में आके एगो औरत के मौत हो गइल आ ओकर ससुर घाहिल हो गइलन.

बतावल जात बा कि बदलापुर खुर्द के बाजार निवासी शिवशंकर गुप्ता अपना पतोहु बबिता गुप्ता (26) के बदलापुर से दवाई दिलवा के मोटरसाइकिल से गांवे जात रहलन जब सरोखनपुर गांव का लगे नहर का नियरा एगो तेज रफ्तार ट्रक उनका मोटरसाइकिल के धक्का मार दिहलसि. एह हादसा में पतोहु के मौत ठाँवे पर हो गइल. ससुर घवाहिल हो गइलें आ उनुकर इलाज चलत बा.

घटना का बाद फरार हो गइल चालक के पुलिस खोजत बिया.

एगो दोसरा घटना में जौनेपुर के रामपुर इलाका में बिजली करंट लगला से रघुनाथपुर गांव के प्रधान मीना देवी के पति राजेश कुमार गौतम (35) के मौत हो गइल.

बतावल जात बा कि ऊ नीम का पेड़ पर चढ़के र दतुवन तूड़त रहलन जब बगले से जात हाई टेंशन बिजली तार छुआ गइल आ ऊ झउँसात नीचे आ गिरलन. उनुका के बचावे आइल पड़ोसी युवक आशीषो कुमार झउँसा गइलें. दुनन जने के एगो निजी अस्पताल ले जाइल गइल जहाँ के डाक्टर राजेश के मृत घोषित क दिहलें. आशीष के इलाज हो रहल बा.

 283 total views,  5 views today

%d bloggers like this: