तीन भाइयन समेत चार गो हत्यारन के भइल उमरकैद

जौनपुर, 22 फ़रवरी(वार्ता). साल 1995 मे भइल हत्या के मामिला में जौनपुर के एगो अदालत तीन गो सहोदर भाइयन समेत चार जने के उमिरकैद आ पांच-पांच हज़ार रुपिया जुर्माना के सजा सुनवलसि.

खुटहन क्षेत्र के जौकाबाद गाँव के ग्राम प्रधान सभाजीत यादव प्राथमिकी दर्ज करवलन कि 2 अप्रैल 1995 के राति दस बजे उनुकर भाई विक्रमजीत मरहट गांव से खेत देखभाल क के लवटल रहल जब तिघरा के फतेह बहादुर का बगइचा लगे प्रधानी के चुनावी रंजिश में तीन भाई राजबहादुर यादव, उदय राज यादव, अभय राज यादव आ अभय के बेटा तुलसी उनुका के घेर लिहलें. राजबहादुर विक्रम पर कट्टा से फायर कइलसि आ सभे ओकरा के लाठी से पीट पीट के घवाहिल क दिहलें आ बाद में उनुकर मौत हो गइल.