लखनऊ, 21 फरवरी (वार्ता). उत्तर प्रदेश के गोरखपुर आ फूलपुर लोकसभा सीटन ला 11 मार्च के होखे जात उपचुनाव खातिर भराइल परचन में से जांच का बाद 13 गो परचा खारिज क दीहल गइल बा.
राज्य निर्वाचन कार्यालय से मालूम भइल बा कि एहमें से 7 गो परचा गोरखपुर से आ 6 गो परचा फूलपुर सीट से खारिज भइल बा. अब गोरखपुर से दस उम्मीदवार आ फूलपुर से 24 उम्मीदवार चुनाव मैदान में रह गइल बाड़ें. एह सीटन पर नाम वापस 23 फरवरी ले हो सकेला.
गोरखपुर से मिलल समाचार के अनुसार परचा खारिज होखे वाला सात में समाजवादी पार्टी के राम नगीना साहनी, विश्वकर्मा राष्ट्रवादी जनशक्ति पार्टी के पूनम विश्वकर्मा, भारतीय राष्ट्रीय जनहित पार्टी के शैलेश कुमार आ निर्दल प्रत्याशियन में अच्छेलाल गुप्ता, जय प्रकाश गुप्ता, अरूण कुमार, आ अशोक शामिल बाड़न. राम नगीना साहनी गोरखपुर समाजवादी पार्टी के महामंत्री हउवें आ उनुका परचा दाखिल कइला से समाजवादी गोल के लोग ला अहजह बन गइल रहुवे. अब साफ हो गइल बा कि समाजवादी गोल प्रवीण कुमार निषाद का साथे बा.
409 total views, 2 views today