पगली के लाश मिलल भदोही में
February 22, 2018
भदोही 22 फरवरी (वार्ता) भदोही के शहर कोतवाली इलाका में आजु एगो औरत के लाश मिलला से सनसनी पसर गइल.
पुलिस से मालूम भइल कि अहमदगंज गजिया रेलवे क्रासिंग का लगे एगो टीनशेड में तीन गो पागल औरत कई दिन से रहत रहली सँ. ओहनिए में से एगो के लाश रहल ई. मरे वाली के उमिर करीब 40 बरीस रहल होखी.
अनेसा जतावल जात बा कि राति में सड़क पार करत घरी कवनो गाड़ी से ओकरा धक्का लागल होखी आ ऊ घवाहिल होके अपना टीनशेड में जा के सूत गइल होखी. लाश का माथ पर चोट के निशान बा.
बाकी दुनु पगली से कुछ पता नइखे चलि पावत.