web analytics

मंदिर मॉडल पर अयोध्या टीसन बनवला में कुछऊ गलत नइखे

नयी दिल्ली, 22 फरवरी (वार्ता). रेल मंत्री पीयूष गोयल के कहना बा कि रेलवे अगर मंदिर के मॉडल जइसन अयोध्या टीसन बनाई त एहमें कुछऊ गलत नइखे.

पीयूष गोयन काल्हु प्रधानमंत्री के आर्थिक परिषद के चैयरमैन विवेक देवराय के किताब के हिन्दी संस्करण के विमोचन का मौका पर एगो सवाल का तवाब में ऊ बाति कहलन.

गोयल कहलन कि अयोध्या टीसन के निर्माण के अगर भगवान श्री राम के जन्मस्थान का साथे जोड़ल जा ता त एह पर केहू के आपति ना होखे के चाहीं. देश के इतिहास, धरोधर आ परंपरा के अगिला पीढ़ी ले चहुंपावे में ई रेलवे के बड़हन योगदान होखी.

जाने जोग बा कि एहसे पहिले रेल राज्यमंत्री मनोज सिन्हा कह चुकल बाड़न कि अयोध्या टीसन के नयका इमारत हूबहू राम मंदिर जइसन होखी.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: