web analytics

महिला से दुष्कर्म करे का आरोप में गिरफ्तारी

छपरा 22 फरवरी (वार्ता). बिहार में सारण जिला के कोपा थाना के घोघिया गांव में एगो औरत से दुष्कर्म करे का आरोप में आजु एगो आदमी के गिरफ्तार क लिहल गइल.

पुलिस सूत्रन से पता चलल कि घोघिया गांव के अनुज कुमार पांडेय गांवे के एगो औरत से काल्हु राति कुकर्म कइले रहल. आजु ऊ औरत महिला थाना आ के प्राथमिकी दर्ज करवलसि.

औरत के मेडिकल जांच ला छपरा सदर अस्पातल में भरती करावल गइल बा. जांच का बाद दुष्कर्म के पुष्टि भइला का बाद अनुज के गिरफतार क लीहल गइल बा.

 56 total views,  5 views today

%d bloggers like this: