340 कार्टन विदेशी शराब बरामद, दू जने गिरफ्तार
February 22, 2018
सिवान 22 फरवरी (वार्ता). सिवान जिला के मुफस्सिल इलाका के जमसिकरी गांव का नियरा सिवान-मैरवा मुख्य मार्ग से पुलिस आजु दू कंटेनर पर लादल 340 कार्टन विदेशी शराब बरामद कइलसि.
उत्पाद अधीक्षक अविनाश प्रकाश बतवलें कि सूचना मिलल कि तस्कर शराब के खेप लेके जात बाड़ें त जमसिकरी गांव का लगे दू गो कंटेनर रोक के तलाशी लीहल गइल आ ओहमें लुका के ले जाइल जात 340 कार्टन विदेशी शराब बरामद कइल गइल. एकर दाम करीब 34 लाख रुपिया होखी. शराब पंजाब के बनल बावे. दुनु कंटेनर चालकन के गिरफ्तार क के पूछताछ कइल जा रहल बा.