web analytics

जापान यात्रा से लवटि अइलें नीतीश, कांग्रेस कहलसि छूंछे हाथ


पटना 23 फरवरी (वार्ता) बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार चार दिन के जापान यात्रा का बाद आजु पटना लवटि अइलन. पटना हवाईअड्डा पहुंचला प राज्य सरकार के मंत्री, जनता दल यूनाईटेड (जदयू) नेता लोग आ कार्यकर्तन के भीड़ गाजा-बाजा साथे उनुकर भव्य स्वागत कइलें.

हवाईअड्डा पर संसदीय कार्य मंत्री श्रवण कुमार, शिक्षा आ विधि मंत्री कृष्णनंदन प्रसाद वर्मा, गन्ना उद्योग आ अल्पसंख्यक कल्याण विभाग मंत्री खुर्शीद आलम, सहकारिता मंत्री राणा रणधीर सिंह, विधायक ज्ञानेंद्र सिंह ज्ञानू, विधान पार्षद् संजय सिंह उर्फ गांधी जी, विजय मिश्र, चंदेश्वर प्रसाद चंद्रवंशी, नीरज कुमार, राज्य खाद्य निगम के सदस्य नंद किशोर कुशवाहा, जदयू प्रवक्ता राजीव रंजन, जदयू नेता छोटू सिंह समेत राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन के कई नेता लोग मुख्यमंत्री के गुलदस्ता भेंट करत आगवानी कइलें.

दोसरा तरफ तंज कसत बिहार कांग्रेस के प्रभारी अध्यक्ष कौकब कादरी कहलन कि जइसन सोचाइल रहुवे वइसहीं छूंछे हाथ लवटल बाड़न मुख्यमंत्री नीतीश कुमार. कहलन कि अब मुख्यमंत्री के बतावे के चाहीं कि बिना कवनो तइयारी के जापान यात्रा करे गइल त रहलन बाकिर ओहिजा से ले का अइलन. उनुका चाहत रहल कि पहिले बिहार आ देश के जमीनी हकीकत समझतन, बेकाबू होखत अपराध पर काबू करतन, आधुनिक बाजार आ मांग से भरपूर बाजार बनवतें बिहार के त कुछ उमीदो कइल जाइत. कौकब कादरी कहलन कि ई मोदी के संगत के असर ह. मोदीओ खूब विदेश जालन आ खाली हाथ लवटत रहेलें.

 108 total views,  1 views today

%d bloggers like this: