हप्ता के ऊँचाई पर चहुँपल शेयर बाजार

मुंबई 23 फरवरी (वार्ता) कच्चा तेल का दाम में गिरावट आ निमना वैश्विक इशारा का दम पर देश के शेयर बाजार में आजु चौतरफा लिवाली रहल आ बाजार हप्ता के सबले ऊँचाई पर चहुँप गइल.

घरेलू शेयर बाजार लगातार दूसरा दिने मजबूत रहल. बीएसई के सेंसेक्स 0.95 फीसदी 322.65 अंक चढ़ि के 34,142.15 अंक पर चहुँपल त नेशनल स्टॉक एक्सचेंज के निफ्टीओ 1.04 फीसदी 108.35 अंक के बढ़त ले के 10,491.0 अंक पर रहल. दुनु सूचकांकन के ई 15 फरवरी के बाद के सबले अधीका बंद भाव बा.
1,500 करोड़ रुपिया के हाइब्रिड सिक्यूरिटी बांड जारी करे वाला टाटा मोटर्स के शेयर सवा छह फीसदी उछाल मरलसि. दवा कंपनी सनफार्मा के गुजरात के हलोल संयंत्र में अमेरिकी खाद्य आ औषधि प्रशासक के ऑडिट में महज तीने गो कमी मिलला के खबर से ओकरो शेयर पाँच फीसदी से अधिका चढ़ गइल.

चौतरफा लिवाली का चलते बीएसई के बीस में बीसो समूह हरियरा गइलें. बीएसई में कुल 2,884 कंपनियों के शेयर में कारोबार भइल. 1,899 में लिवाली त 831 में बिकवाली के जोर रहल. मिडकैपो 1.47 फीसदी चढ़ल आ स्मॉलोकैप 1.54 फीसदी.