रांची, 23 फरवरी (वार्ता). करोड़ों रुपिया के चारा घोटाला मामिला के सजायाफ्ता राजद प्रमुख आ बिहार के मुख्यमंत्री रह चुकल लालू प्रसाद यादव के आजु झारखंड उच्च न्यायालय जमानत देबे से मना कर दिहलसि.
न्यायाधीश अप्रेश कुमार सिंह एह मामिला के सुनवाई करत कहनी कि अगर लालू अधवो सजा काट लिहले रहतन त उनुका अरजी पर सोचल जा सकत रहुवे. बाकिर अबहीं त एह पर कलवनो विचारे ना कइल जा सके.
लालू यादव के वकील के कहना रहुवे कि उनुकर उमिर अधिका हो गइल आ तबियतो ठीक नइखे रहत एह हालत में उनुका के जमानत दे दीहल जाव. सीबीआई वकील एह निहोरा के पूरजोर विरोध कइलन.
सीबीआई के विशेष अदालत पिछला साल 23 सितंबर के लालू यादव के साढ़े तीन साल के सजा सुनवले रहुवे.
91 total views, 1 views today