web analytics

इन्वेस्टर्स समिट से नाराज हो गइल सपा आ बसपा


लखनऊ,23 फरवरी (वार्ता) देश के सबले बड़हन राज्य के सबले बड़हन अर्थ व्यवस्था वाला राज्य बनावे के कोशिश से नाराजगी जतवले बाड़े सपा गोल के सचिव राजेंद्र चौधरी आ बसपा के सुप्रीमो मायावती.

सपा सचिव के कहना बा कि सरकार के चाही कि राज्य में खेती से जुड़ल अर्थ व्यवस्था के बढ़ावा देव त ई सरकार पूंजी प्रधान उद्योग पर जोर लगावत बिया. कहलन कि निवेशकन के मेला लगा के ओह लोग से बड़हन-बड़हन वादा त करा लीहल गइल बाकिर ओहमें से कतना हकीकत में पूरा होखा, से कहल मुश्किल बा. भाजपा सरकार राज्य के नवहियन के सब्जबाग देखा के 2019 के चुनाव जीते के रणनीति बनावत बिया.

बसपा सुप्रीमो मायावती के कहना बा कि इन्वेस्टर्स समिट से धन के दुरूपयोग भइल बा आ एकरा से गरीब, मजदूर, आ बेरोजगारन के भलाई नइखे होखे वाला. आपन बयान जारी क के मायावती जी कहले बाड़ी कि उद्योगपतियन के सम्मेलन करवावल भाजपा सरकारन के फैशन बनि गइल बा आ एह पर पानी का तरह पइसा बहावल जा रहल बा. एह धन से ग़रीब, मजदूर, आ बेरोजगार नवहियन के राहत दीहल जा सकत रहे. समिट करा के सरकार अपना विफलता से जनता के ध्यान हटावल चाहत बिया. कानून व्यवस्था के बिगड़ल हालात में उद्योगपति एहिजा उद्योग-धंधा लगावल घाटा के सौदा समुझिहें आ कवनो निवेश नइखे आवे वाला.

 112 total views,  1 views today

%d bloggers like this: