लोकसभा उपचुनाव में दुनु सीट के हर बूथ पर वीवीपैट लगावल जाई
चुनाव आयोग के कहना बा कि उत्तर प्रदेश के गोरखपुर आ फूलपुर लोकसभा सीटन पर होखत उपचुनाव में हर बूथ के हर ईवीएम में वीवीपैट लगावल जाई.
मऊ में बोलेरो का धक्का से गाजीपुर के एक जने के मौत
गाजीपुर शहर कोतवाली इलाका में आजु बोलेरो का चपेटा में आ के विशेश्वरगंज निवासी गंगा सबेरे पेशब करे निकलल रहलन जब ओहिजा से जात जमानियां कोतवाली इलाका के जीवपुर निवासी बलवंत सिंह (40) उनुका से रउजा जाए के पता पूछे लगलन. एही समय एगो तेज रफ्तार बोलेरो दुनु जने के धक्का मारत निकल गइल. बलवंत सिंह के त ओहिजे मौत हो गइल. घवाहिल हो गइल गंगा के इलाज अस्पताल में चलत बा.
देवरिया में जिला बदर बदमाश गिरफ्तार
देवरिया के सदर कोतवाली इलाका से आजु माधवपुर गांव के जिला बदर बदमाश अवध लाल कुशवाहा के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि. अदालत का आदेश का बादो ऊ पुलिस के झांसा दे अपना घरही रहत हुवे. ओकरा के फेरु जेल भेजल गइल बा.
ट्रक आ बाइक के टक्कर में नवही के मौत
सारण जिला के दिघवारा थाना के मलखाचक गांव का नियरा नेशनल हाईवे 19 पर एगो ट्रक आ मोटरसाइकिल के टक्कर में दरबन्ना गांव के अरविंद सिंह के 22 बरीस के बेटा आदित्य कुमार के मौत हो गइल.
ट्रक आ पिक अप वैन के टक्कर में दू जने के मौत
सिवान जिला के गुढ़नी ऩलाका में आजु सबेरे बउड़ी गांव का लगे एगो ट्रक आ पिक अप वैन के सोझा सोझी टक्कर में दू आदमी के मौत ठाँवे पर हो गइल. मर् बलन के पहचान नइखे हो पावल.
बलिया अदालत से छह जने को उमिर कैद
बलिया जिला के अपर सत्र न्यायाधीश (चतुर्थ) वी.के. लाल पांच बरीस पहिले भइल एगो हत्या का मामिला में छह गो अभियुक्तन के आजीवन कारावास आ दस-दस हजार रुपए जुर्माना के सजा सुनवले बाड़ें. 20 सितम्बर 2013 का दिने पिपरौली बड़ागांव विंद टोली के रमेश के पत्नी छठिया देवी बगइचा से घास लेके आवत रहली जब जमीन के झगड़ा का चलते पिपरौली के कन्हैया, राजेश आ दिनेश ओकरा से मारपीट करे लगलें. हल्ला सुनि के वादी के भाई राम प्रेम आ रमेश दउड़त घरे भगलें. एही दौरान शाहपुर के रहे वाला विश्राम के ललकरला पर रामसूरत विंद वगैरह राम प्रेम के गोली मार दिहलें जवना से ओकर मौत हो गइल.
दहेज हत्या का मामिला में पति के मिलल उमिर कैद
बलिया के अपर सत्र न्यायाधीश चतुर्थ वी.के.लाल के अदालत से सदर कोतवाली के अमृतपाली के रहे वाला गोविन्द के उमिर कैद के सजा सुना दिहलें. ओकरा पर बांसडीह रोड इलाका के डूमरी गांव के धीरज केस लिखवले रहलें कि ओकरा बहिन के 12 अप्रैल 2015 का राति किरासन तेल डा़ल के जरा दिहलसि गोविन्द. बाद में अस्पलात में ओकर मौत हो गइल रहे.
जौनपुर में दारोगा आ सिपाही वसूली करे का आरोप में निलम्बित
जौनपुर के बरसठी थाना पर तैनात दारोगा वीरेन्द्र बहादुर सिंह आ कांस्टेबल रफीकउल्लाह के अवैध वसूली का आरोप में काल्हु राति पुलिस अधीक्षक के के चौधरी तत्काल प्रभाव से निलंबित क दिहलें. एकर अनुशंसा पुलिस उपाधीक्षक मड़ियाहूं राम भवन यादव कइले रहलें.
216 total views, 2 views today