web analytics

राज्यसभा के 58 सीटन पर 23 मार्च के चुनाव करावल जाई


नयी दिल्ली 23 फरवरी (वार्ता) दू दू बरीस पर होखे वाला राज्यसभा के चुनावन में 58 सीटन ला चुनाव 23 मार्च के करावल जाई. केरल से खाली भइल एगो सीटो के उप चुनाव संगही करावल जाई.

शुक का दिने चुनाव आयोग के विज्ञप्ति जारी हो गइल. एहमें बतावल गइल बा कि 16 राज्यन से राज्यसभा के 58 सदस्यन के कार्यकाल एह साल अप्रैल – मई में पूरा होखे जा रहल बा आ ओही ला 23 मार्च के चुनाव करावल जाई.

चुनाव को अधिसूचना पांच मार्च के जारी होखी, 12 मार्च ले परचा भरल जा सकी, परचा के जाँच 13 मार्च के होखी आ नाम वापसी 15 मार्च ले कइल जा सकी. ओकरा बाद जरुरत भइल त 23 मार्च के सबेरे 9 बजे से साँझ 4 बजे ले चुनाव करावल जाई आ ओही दिने भोट गिन के परिणामो बता दीहल जाई.

जवना सीटन पर चुनाव होखे वाला बा ओहमें 10 गो उत्तर प्रदेश से, महाराष्ट्र आ बिहार से छह-छह गो, मध्य प्रदेश आ पश्चिम बंगाल से पांच-पांच गो, गुजरात आ कर्नाटक से चार-चार गो, राजस्थान,ओडिशा, तेलंगाना आ आन्ध्र प्रदेश से तीन-तीन गो, झारखंड से दू गो , उत्तराखंड, हिमाचल प्रदेश, हरियाणा, आ छत्तीसगढ से एक-एक सीट शामिल बा.

केरल से एक सीट वीरेन्द्र कुमार के इस्तीफे से खाली भइल बा. ओकरो पर उप चुनाव करावल जाई. एह सीट से जीते वाला के कार्यकाल अप्रैल 2022 ले करीब तीने साल रही. जबकि पूरा कार्यकाल छह बरीस के होला.

 112 total views,  1 views today

%d bloggers like this: