बॉलीवुड अदाकारा श्रीदेवी के दुबई में हार्ट अटैक से मौत
बालीवुड के मशहूर अदाकारा 54 बरीस उमिर के श्रीदेवी के शनिचर राति दुबई में दिल के दौरा पड़ला से मौत हो गइल बा. एह खबर के पुष्टि उनुका परिवार के सदस्य आ अभिनेता संजय कपूर कइले बाड़न. श्रीदेवी अपना पति बोनी कपूर आ छोटकी बेटी खुशी का साथे एगो पारिवारिक शादी में शामिल होखे दुबई आइल रहली. श्रीदेवी के जनम 13 अगस्त 1963 के भइल रहल. हिन्दी सिनेमा में आवे से पहिले ऊ तमिल, तेलगु, मलयालम, आ कन्नड़ फिल्मन में काम क चुकल रही.भारत सरकार से साल 2013 में उनुका के पद्मश्री पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल रहुवे.
बिहार में भीषण सड़क हादसा में 9 बचवन के मौत, बीस से अधीका घाहिल
बिहार के मुजफ्फरपुर जिला के मीनापुर इलाका में शनिचर के दिने भइल एगो भीषण सड़क हादसा में नौ गो बचवन के मौत हो गइल आ बीसो से बेसी घाहिल हो गइलें. पुलिस अधीक्षक विवेक कुमार बलावत बाड़ें कि मीनापुर इलाका के धर्मपुर प्राथमिक विद्यालय का बिद्यार्थी छुट्टी का बाद सड़क पार करत रहलें ओही घरे एगो बेकाबू बोलेरो ओहना के कचारत भोग निकलल.
स्टार प्रचारको ना बनवला से कांग्रेस में कलह
बिहार में लोकसभा के एगो आ विधानसभा के दू गो सीटन ला होखत उपचुनाव खातिर जारी कांग्रेस के स्टार प्रचारकन के सूची में नाम ना होखला से प्रदेश अध्यक्ष रहल आ विधान परिषद सदस्य अशोक चौधरी अपना के बेइज्जति भइल समुझत बाड़न. अशोक चौधरी के कहना बा कि गोल के बिहार प्रभारी सी. पी. जोशी उनिका खिलाफ साजिश करे में लागल बाड़न. कहतारें कि चुनाव में आपन जमानत जब्त करावे वाला लोग अबकी स्टार प्रचारक बाड़ें.
मेहरारू के जान ले के मरद फरार
पश्चिम चम्पारण जिला के साठी इलाका के बभनी दिऊलिया गाव में दू दिन पहिले अपना मेहरारू निशा के गला दबा के हत्या कइला का बाद फरार ओकरा मरद जयराम साह के खबर अब पता लागल बा. गाँव वालन के एकर जानकारी मिलला का बाद निशा के पिता के जानकारी दिहलें जवना का बाद एकर केस लिखवावल गइल बा.
गाजीपुर में गोली मारि के नवही के हत्या
गाजीपुर के सादात इलाका के मखदूमपुर-मेहनाजपुर मार्ग पर बिजरवा गांव के सैय्यद बाबा मजार का नियरा सँझिया करीब छह बजे कुछ बदमाश 30 बरीस के एगो नवही के गोली मार के हत्या कर दिहलें. मरे वाला के पहचान नइखे भइल. लाश का लगहीं मिलल मोटरसाइकिल से ओकर पता लगोवे के कोशिश होखत बा. ओहिते दू गो कारतूस के खोखा, बिरयानी आ शराब के खाली बोतल मिलल बा. बतावल जात बा कि गोली मारे वाला दू गो बदमाश आजमगढ़ ओरि भागल बाड़ें.
छेड़खानी से परेशान 7वीं में पढ़त लडिकी जहर खा के जान दिहलसि
वाराणसी के रोहनियां इलाका के एगो निजी स्कूल के 7वीं में पढ़े वाली लडि़की पनियारा गांव के श्रैया पांडेय (13) के मौत हो गइल. अनेसा बा कि ऊ कवनो जहर खा के जान द् दिहले बिया. कहल जात बा कि एही स्कूल के 11वीं में पढ़े वाला लड़िका ओकरा के तंग करत रहुवे आ स्कूल प्रशासन से कईएक शिकायत का बादो ओकरा पर कवनो कड़ाई ना कइल गइल.
पेड़ से लटकल लाश बरामद
बेतिया 24 फरवरी (वार्ता). पश्चिम चंपारण जिला के रामनगर इलाका के सबुनी पोखर का नियरा बगइचा में एगो पेड़ से लटकल रामनगर निवासी सुभाष पटवा के लाश मिलल बा. लागत बा कि केहू ओकर खून क के गाछ से लटका गइल बा.
भदोही में टेम्पो पलटला से 12 लोग घवाहिल
भदोही 24 फरवरी (वार्ता) भदोही के शहर कोतवाली इलाका में सुरियावां से आवत एगो टेम्पो भदोही-दुर्गागंज मार्ग के नेवादा पुलिया पेट्रोल पंप का नियरा टेम्पो बेकाबू हो के सड़क किनारे दस फीट गहीर गड़हा में जा के पलट गइल. ओह पर सवार 14 लोगन में से 12 जना घवाहिल हो गइलें. चालक टेम्पो छोड़ि के फरार हो गइल बा.
सासाराम ले जाए से पहिलहीं पौने तीन करोड़ के हेरोईन बरामद
पटना 24 फरवरी (वार्ता). खुफिया राजस्व निदेशालय ( डीआरआई) के सटीक जानकारी मिलला का बाद कि दानापुर – हावड़ा एक्सप्रेस ट्रेन से कोलकता कै रहे वाला राधेश्याम हेरोईन के खेप ले के आए वाला बा डीआरआई के टीम यीसन के लगे हनुमान मंदिर का लगे घेराबंदी क लिहलसि. घेराबंदी देखि के राधेश्याम फरार होखे के कोशिश कइलसि बाकिर टीम ओकरा के ध लिहलसि, गिरफ्तारी का बाद राधेश्याम बतवलसि कि कोलकता में एकरा के अहमद नाम के एगो आदमी ई हेरोईन दिहले रहल आ सासाराम चहुँपावे का एवज में ओकरा के एक लाख रुपिया देबे के बाति कहले रहुवे. राधेश्याम का लगे से पौने तीन करोड़ के 920 ग्राम हेरोईन बरामद कइल गइल. सासाराम के ओह आदमी के खोजल जा रहल बा जेकरा के ई हेरोइन देबे के रहुवे.
113 total views, 1 views today