दुबई, 27 फरवरी (वार्ता) बॉलीवुड के पहिलका महिला सुपरस्टार श्रीदेवी के पार्थिव शरीर भारत ले जाए के मंजूरी दुबई के अधिकारियन से मिल गइल बा.
‘गल्फ न्यूज’ के अनुसार एकरा ला आजु 12 बजकर 45 मिनट पर अनापत्ति प्रमाण पत्र भारतीय वाणिज्य दूतावास के प्रतिनिधियन आ दिवंगत अभिनेत्री के परिजनन के मिल गइल. तब करीब 1 बजे भारतीय वाणिज्य दूतावास ट्वीट क के बतवलसि कि दुबई पुलिस दिवंगत अभिनेत्री के पार्थिव शरीर भारत ले जाए जाने के इजाजत वाला दस्तावेज दे दिहलसि. अब शव पर लेप लगावे के प्रक्रिया शुरू कइल जा सकी.
49 total views, 1 views today