Go to ...
RSS Feed

Archives for February 2018

जापान यात्रा से लवटि अइलें नीतीश, कांग्रेस कहलसि छूंछे हाथ

पटना 23 फरवरी (वार्ता) बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार चार दिन के जापान यात्रा का बाद आजु पटना लवटि अइलन. पटना हवाईअड्डा पहुंचला प राज्य सरकार के मंत्री, जनता दल यूनाईटेड (जदयू) नेता लोग आ कार्यकर्तन के भीड़ गाजा-बाजा साथे उनुकर भव्य स्वागत कइलें. हवाईअड्डा पर संसदीय कार्य मंत्री श्रवण कुमार, शिक्षा आ विधि मंत्री

हाई कोर्ट से ना मिल पावल लालू के जमानत

रांची, 23 फरवरी (वार्ता). करोड़ों रुपिया के चारा घोटाला मामिला के सजायाफ्ता राजद प्रमुख आ बिहार के मुख्यमंत्री रह चुकल लालू प्रसाद यादव के आजु झारखंड उच्च न्यायालय जमानत देबे से मना कर दिहलसि. न्यायाधीश अप्रेश कुमार सिंह एह मामिला के सुनवाई करत कहनी कि अगर लालू अधवो सजा काट लिहले रहतन त उनुका अरजी

टटका खबर, 23 फरवरी 2018, शुक

23 फरवरी (वार्ता) फूलपुर संसदीय क्षेत्र से दू जने आपन नाम वापिस ले लिहलन फूलपुर आ गोरखपुर संसदीय सीट पर 11 मार्च के होखा वाली उपचुनाव ला नाम वापसी के आखिरी दिने फूलपुर से दू गो उम्मीदवार – अपना दल के प्रेमचन्द्र आ निर्दलीय सुशीला सिंह – आपन परचा वापिस ले लीहल लोग. गोरखपुर से

भोजपुरी खातिर आठवाँ धरना : दिल्ली के संसद मार्ग पर जुटले भोजपुरिया

भोजपुरी जन जागरण अभियान के बैनर तरे अंतर्राष्ट्रीय मातृभाषा दिवस के दिना 21 फरवरी 2018 के दिल्ली के संसद मार्ग पर भोजपुरी भाषा के संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर विशाल शांति पूर्ण धरना के आयोजन कइल गइल. भलहीं भोजपुरियन के ई शांतिपूर्ण धरना रहे बाकिर ई धरना शांतिए शांति में केन्द्र सरकार

महिला से दुष्कर्म करे का आरोप में गिरफ्तारी

छपरा 22 फरवरी (वार्ता). बिहार में सारण जिला के कोपा थाना के घोघिया गांव में एगो औरत से दुष्कर्म करे का आरोप में आजु एगो आदमी के गिरफ्तार क लिहल गइल. पुलिस सूत्रन से पता चलल कि घोघिया गांव के अनुज कुमार पांडेय गांवे के एगो औरत से काल्हु राति कुकर्म कइले रहल. आजु ऊ

जौनपुर में ट्रक के चपेट में पड़ि के एगो औरत के मौत

जौनपुर, 22 फरवरी (वार्ता). जौनपुर के बदलापुर इलाका में आज ट्रक के चपेट में आके एगो औरत के मौत हो गइल आ ओकर ससुर घाहिल हो गइलन. बतावल जात बा कि बदलापुर खुर्द के बाजार निवासी शिवशंकर गुप्ता अपना पतोहु बबिता गुप्ता (26) के बदलापुर से दवाई दिलवा के मोटरसाइकिल से गांवे जात रहलन जब

जीजा-साला एक दोसरा के बहिन लेके चम्पत

कुशीनगर 22 फरवरी (वार्ता) कुशीनगर इलाका में अपना मेहरारू के ससुराल पहुंचावे गइल एगो आदमी अपना साली के लेके चम्पत हो गइल. एकरा बाद ओकर साला अपना जीजा के बहिन लेके फरार हो गइल. पुलिस से पता चलल कि पटहेरवा क्षेत्र के एगो आदमी के शादी नियरे के गांव में भइल रहे. शादी का कुछ

हथियार का साथे तीन गो अपराधी गिरफ्तार

सिवान 22 फरवरी (वार्ता) सिवान जिला के गोरियाकोठी इलाका के मुस्तफाबाद बाजार का नियरा से पुलिस आजु तीन गो अपराधियन के गिरफ्तार कइले बिया. पुलिस वालन के कहना बा कि सूचना मिलला पर कि मुस्तफाबाद बाजार का लगे कुछ अपराधी कवनो बड़ घटना अंजाम देबे का इरादा बिटुराइल बाड़ें. एकरा बाद पुलिस ओह ठिकाना के

27 लाख के चोरावल मोबाइल फोन बरामद

रक्सौल 22 फरवरी (वार्ता) पूर्वी चंपारण जिला के रक्सौल पुलिस अंतरप्रांतीय मोबइाल चोर गिरोह के भंडाफोड करत ओहनी का लगे से कुल 27 लाख रुपिया मूल्य के मोबाइल फोन बरामद कइलसि आ दू गो चोरन के गिरफ्तार क लिहलसि. पुलिस उपाधीक्षक राकेश कुमार बतवलन कि एह साल 28 जनवरी के उत्तराखंड में हरिद्वार के ज्वालापुर

340 कार्टन विदेशी शराब बरामद, दू जने गिरफ्तार

सिवान 22 फरवरी (वार्ता). सिवान जिला के मुफस्सिल इलाका के जमसिकरी गांव का नियरा सिवान-मैरवा मुख्य मार्ग से पुलिस आजु दू कंटेनर पर लादल 340 कार्टन विदेशी शराब बरामद कइलसि. उत्पाद अधीक्षक अविनाश प्रकाश बतवलें कि सूचना मिलल कि तस्कर शराब के खेप लेके जात बाड़ें त जमसिकरी गांव का लगे दू गो कंटेनर रोक

गोरखपुर दंगा के मामिला वापिस लिहला का खिलाफ लगावल याचिका खारिज

इलाहाबाद, 22 फरवरी (वार्ता). 2007 में गोरखपुर में भइल दंगा के मामिला वापिस लिहला का खिलाफ लगावल याचिका आजु इलाहाबाद उच्च न्यायालय खारिज कर दिहलसि. न्यायमूर्ति कृष्ण मुरारी आ न्यायामूर्ति ए.सी.शर्मा के खण्डपीठ परवेज परवाज के लगावल याचिका पर आजु ई आदेश दिहलसि. लमहर बहस का बाद 18 दिसम्बर 2017 के अदालत ई फैसला सुरक्षित

अस्पताल से छुट्टी मिलला का बाद पर्रिकर गोवा चहुंपलें

पणजी, 22 फरवरी (वार्ता) गोवा के मुख्यमंत्री मनोहर पर्रिकर मुंबई के लीलावती अस्पताल से छुट्टी मिलला का बाद आजु गोवा आ गइलें. बतावल जात बा कि एगो विशेष विमान से ऊ वास्को के गोवा अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा पर अइलें. आ आजु विधानसभा में बजट पेश क सकेलें. जाने जोग बा कि मनोहर पर्रिकर के तबियत

देवरिया में 22 लाख के शराब बरामद

देवरिया,22 फरवरी(वार्ता). देवरिया के रामपुर कारखाना इलाका में गैरकानूनी शराब गोदाम पर छापा मारि के पुलिस 22 लाख रूपिया के नाजायज शराब बरामद कइलसि. पुलिस के कहना बा कि इजरयी गांव में नाजायज शराब के धंधा होखे के खबर मिलत रहुवे. मुखबिर सूचना दिहलसि कि फगुआ का मौका पर बिहार राज्य में तस्करी से नाजायज

पगली के लाश मिलल भदोही में

भदोही 22 फरवरी (वार्ता) भदोही के शहर कोतवाली इलाका में आजु एगो औरत के लाश मिलला से सनसनी पसर गइल. पुलिस से मालूम भइल कि अहमदगंज गजिया रेलवे क्रासिंग का लगे एगो टीनशेड में तीन गो पागल औरत कई दिन से रहत रहली सँ. ओहनिए में से एगो के लाश रहल ई. मरे वाली के

तीन भाइयन समेत चार गो हत्यारन के भइल उमरकैद

जौनपुर, 22 फ़रवरी(वार्ता). साल 1995 मे भइल हत्या के मामिला में जौनपुर के एगो अदालत तीन गो सहोदर भाइयन समेत चार जने के उमिरकैद आ पांच-पांच हज़ार रुपिया जुर्माना के सजा सुनवलसि. खुटहन क्षेत्र के जौकाबाद गाँव के ग्राम प्रधान सभाजीत यादव प्राथमिकी दर्ज करवलन कि 2 अप्रैल 1995 के राति दस बजे उनुकर भाई

सड़क पर गिरल मिलल सीलबंद उत्तर पुस्तिका बंडल

जौनपुर, 22 फरवरी(वार्ता). जौनपुर में माध्यमिक शिक्षा परिषद के हाई स्कूल आ इंटर परीक्षा के सीलबंद उत्तर पुस्तिका के एगो बंडल सड़क पर पड़ल मिलल बा. एह बंडल के मोहम्मद हसन पीजी कॉलेज के बीएससी के एगो छात्रा देखलसि आ तुरते उठा के कोतवाली पुलिस क सउँप दिहलसि. कोतवाल जब डीआईओएस के कापी बरामद होखे

जिलाधिकारी आ एसपी मोटरसायकिल से लिहलें शहर के हाल

देवरिया,22 फरवरी(वार्ता). देवरिया में काल्हु बुध का दिने जिलाधिकारी आ पुलिस अधीक्षक मोटरसायकिल चलाके शहर के हाल जनलन. आधिकारिक सूत्र बतवलें कि जिलाधिकारी सुजीत कुमार आ पुलिस अधीक्षक राकेश शंकर शहर के समस्या जाने बूझे ला खुदे मोटरसायकिल चलावत शहर घूमलें. हेलमेट पहिरले एह दुनु अधिकारियन के शहर का गलियन में घूमत देख लोग सन्न

छपरा में ट्रकन के टक्कर में दू जने के मौत

छपरा 22 फरवरी (वार्ता) सारण जिला के गरखा थाना इलाका के सिकहा गांव का लगे आजु दू गो ट्रकन के सोझा सोझी टक्कर में दुनु चालकन के मौत हो गइल. पुलिस बतावत बिया कि छपरा-रेवा राष्ट्रीय उच्च पथ संख्या 102 पर पावर ग्रिड का नियरा दू गो ट्रकन के जोरदार टक्‍कर में दुनु ड्राइवरन के

ट्रकन से ढोवात 65 मवेशी जप्त, पांच गो तस्कर गिरफ्तार

भभुआ 22 फरवरी (वार्ता) बिहार के कैमूर जिला में पशु तस्करन का खिलाफ चलावल एगो विशेष अभियान में पुलिस आजु भोरे तीन गो ट्रकन से 65 गो मवेशियन के जप्त करत पांच गो तस्करन के गिरफ्तार क लीहल गइल. पुलिस से पता चलल कि दुर्गावती थाना इलाका में राष्ट्रीय उच्च पथ संख्या दू पर टोल

मंदिर मॉडल पर अयोध्या टीसन बनवला में कुछऊ गलत नइखे

नयी दिल्ली, 22 फरवरी (वार्ता). रेल मंत्री पीयूष गोयल के कहना बा कि रेलवे अगर मंदिर के मॉडल जइसन अयोध्या टीसन बनाई त एहमें कुछऊ गलत नइखे. पीयूष गोयन काल्हु प्रधानमंत्री के आर्थिक परिषद के चैयरमैन विवेक देवराय के किताब के हिन्दी संस्करण के विमोचन का मौका पर एगो सवाल का तवाब में ऊ बाति

Older Posts›› ‹‹Newer Posts