web analytics

मशरख का करमपुरा मठिया में गन फैक्टरी

सारण जिला के मशरख इलाका के करनपुरा मठिया में गैर कानूनी असलहा बनावे वाला एगो फैक्टरी के खुलासा करत सारण पुलिस ओकरा संचालक के मय असलहा गिरफ्तार करे में कामयाब हो गइल. ई फैक्टरी ओहिजा बरीसन से चलत रहुवे. मशरख में प्रेशर कूकर मरम्मति के धंधा करे वाला ई बचन शर्मा राति बेरा देशी असलहा … Read more

 71 total views

गोपालगंज के आतंकी दिल्ली में धराइल

गोपालगंज जिला के 22 बरीस के एगो नवही महफूज आलम के अतवार का दिने एनआईए दिल्ली में गिरफ्तार क लिहलसि. आलम प आरोप बा कि ऊ लश्करे तौयबा के एगो आतंकी शेख अब्दुल नइम के तह से सहायता कइलसि. ओकरा के धन दिअवलसि, पनाह दिहलसि आ आए जाए के सहूलियत दिअवलसि. ओकरे कार्ड का सहारे … Read more

 67 total views

बलिया टीसन के कायाकल्प

बलिया टीसन के मॉडल टीसन में शामिल त क लीहल गइल रहुवे बाकिर जमीन पर कवनो बड़हन फरक देखे के ना मिलत रहुवे. अब एकर कायाकल्प करे के काम पूरा जोर शोर से होखे लागल बा. टीसन पर वाई फाई के सुविधा दिहला का बाद अब प्लेटफार्म के शेड बदले क काम शुरू हो गइल … Read more

 61 total views

जौनपुर में जान लिहले सँ

एक तरफ योगी सरकार गुण्डा बदमाशन के सफाया करे में लागल बिया त दोसरा तरफ गुण्डा बदमाशो आपन कारस्तानी देखावे से बाज नइखन आवत सँ. अतवार का दिने जौनपुर जिला के सरैयाँ गोँव के प्रधान रह चुकल अधेड़ संजय मौर्या के भरल दुपहरिया में उनुका खेते पर गोली मार दिहले सँ. ओह बेरा ऊ अपना … Read more

 63 total views

पूर्वांचल के बिजली चोर जिला – बलिया आ मऊ

लगातार आ बेकाबू बिजली चोरी से निपटे में आपन नाकामी सकारत पूर्वाचल बिजली वितरण निगम बलिया आ मऊ जिला में बिजली बिस वसूली के जिम्मा अब प्राइवेट कंपनी के देबे के फैसला कइले बिया. यूपी के अउरियो वितरण निगम एही तरह आपना अपना इलाका के महाचोर जिलन के निजी कंपनियन का कपारे फोड़े के फैसला … Read more

 70 total views