टटका खबर, 28 फरवरी 2018, बुध

राज्यपाल आ मुख्यमंत्री दिहलें डॉ. राजेंद्र प्रसाद के श्रद्धांजलि

पटना 28 फरवरी (वार्ता). राज्यपाल सत्यपाल मलिक आ मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु देश के पहिलका राष्ट्रपति देशरत्न डॉ. राजेंद्र प्रसाद के 55वां निर्वाण दिवस पर आपन श्रद्धांजलि अर्पित कइलें.
पटना के महाप्रयाण घाट (बांस घाट) स्थित राजेन्दर बाबू के समाधि का नियरा आजु मुख्य राजकीय समारोह आयोजित कइल गइल रहे. एह मौका पर राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद के ओर से राज्यपाल के परिसहाय, उप राष्ट्रपति वेंकैया नायडू के ओर से जिलाधिकारी पटना, प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के ओर से आयुक्त पटना प्रमण्डल देशरत्न के समाधि पर पुष्प-चक्र अर्पित क के श्रद्धांजलि दिहलें.
इस मौका पर पथ निर्माण मंत्री नन्दकिशोर यादव, राज्यसभा सांसद आर. के. सिन्हा, पूर्व मंत्री आ विधायक श्याम रजक, सामाजिक कार्यकर्ता छोटू सिंह, मुकेश सिंह, शिवशंकर निषाद सहित अनेके खासमखास लोग डॉ राजेन्द्र प्रसाद के समाधि पर पुष्प अर्पित कइलें आ शत्-शत् नमन करत आपन श्रद्धांजलि दिहलें.
बिहार सैन्य पुलिस शोक सलामी दिहलसि आ सभे लोग दू मिनट के मौन राखत देशरत्न के याद कइल.


देवरिया में जल्दिए बनी एस्ट्रो टर्फ मैदान

देवरिया, 28 फरवरी (वार्ता). देवरिया में हाकी के बढ़ावा देबे ला एहिजा एगो एस्ट्रो टर्फ मैदान बनावल जाई. हाकी इंडिया के उपाध्यक्ष आ साउथ एशियन हैंडबॉल फेडरेशन के सचिव आनन्देश्वर पाण्डेय बुध का दिले देवरिया में पत्रकारन के बतवलें कि एहिजा हाकी एस्ट्रो टर्फ बनावे के पहल शुरू हो गइल बा. करीब आठ करोड़ की लागत से बने वाला एह मैदान ला केन्द्र सरकार धन उपलब्ध करा दिहले बिया. कहलन कि खेलन के बढ़ावा देबे में सरकार आ फेडरेशन के लगे धन के किल्लत नइखे. इहो बतवलन कि देवरिया में अप्रैल महीने में आठ गो पुरूष आ आठ गो महिला टीमन का बीच हैण्डबॉलल के राजस्तरीय प्रतियोगिला करावल जाई.


अशोक चौधरी गुट कांग्रेस छोड़ जदयू में शामिल

पटना 28 फरवरी (वार्ता). बिहार प्रदेश कांग्रेस के अध्यक्ष रह चुकल अशोक चौधरी समेत चार गो विधान पार्षद आजु कांग्रेस से नाता तूड़त सत्तारूढ़ जनता दल यूनाइटेड (जदयू) में शामिल हो गइलें. । अशोक चौधरी विधान पार्षद् रामचन्द्र भारती, दिलीप चौधरी अउर तनवीर अख्तर के साथे संवाददाता सम्मेलन में कहलन कि कांग्रेस पिछला छह महीना से उनुकर बेइज्जति कइले जात रहुवे ए एहीसे ई लोग कांग्रेस छोड़ जदयू में शामिल होखे के फैसला कइल.
जाने जोग इहो बा कि विधान परिषद् में कांग्रेस के महज छह गो सदस्य रहलें आ अब दूइए गो रहि जइहें.


बसपा नसीमुद्दीन सिद्दीकी का खिलाफ याचिका दायर कइलसि

लखनऊ़, 28 फरवरी (वार्ता). बहुजन समाज पार्टी (बसपा) छोड़ कांग्रेस में शामिल हो गइल नसीमुद्दीन सिद्दीकी के सदस्यता खतम करावे ला विधान परिषद में बसपा नेता सुनील कुमार चित्तौड़ का ओर से दाखिल याचिका में संविधान के कईएक धारा के उल्लेख करत कहल गइल बा कि सिद्दीकी पर दल बदल अधिनियम लागू होता एहसे इनकर सदस्यता खतम कइल जाव. आ 22 फरवरी से उनुका के कवनो सुविधा भा भत्ता मत दीहल जाव.


बस्ती में खाना बनावल घरी गैस सिलेंडर फटला से एक आदमी के मौत

बस्ती 28 फरवरी (वार्ता). बस्ती के दुबौलिया इलाका में खाना बनावत घरी गैस सिलेंडर फटला से ट्रक चालक के मौत हो गइल. डीडीहाट गांव के गन्ना क्रय केंद्र पर गन्ना लेबा आइल पंजाब के ऊ ड्राइवर आपन खाना बनावत रहल जब ई हादसा हो गइल आ ओकर मौत ओहिजे हो गइल.


उप्र में सरकारी नौकरियन में खिलाड़ियन के बहाली होखी

लखनऊ, 28 फरवरी (वार्ता). यूपी के खेल अउर युवा कल्याण मंत्री, चेतन चौहान आजु कहलें कि पिछला 25 बरीस से विभिन्न विभागन में खिलाड़ियन के बहाली के बन्द प्रक्रिया फेरू शुरू होखी आ जल्दिए 11 विभागन में खिलाड़ियन के बहाल कइल जाई. बतवलन कि राज्य सरकार का ओर से खिलाड़ियों के प्रोत्साहित करे खातिर ओलंपिक में गोल्ड मेडल जीतला पर छह करोड़, सिल्वर मेडल जीतला पर चार करोड़ आ कास्य पदक जीतला पर दू करोड़ के पुरस्कार दिहल जाई. अन्तर्राष्ट्रीय खिलाड़ियन के रिटायरमेंट पर 20 हजार पेंशन दीहल जाई.


युवक पर जानलेवा हमला करे वाला चार जने के जेल आ जुर्माना

आजमगढ़ 28 फरवरी (वार्ता). 23 बरीस पुरान एगो मुकदमा के फैसला देत आजमगढ़ के अदालत दलित युवक पर जानलेवा हमला करे वाला चार जने के पांच-पांच बरीस जेल आ एगारह एगारह हजार रुपिया का जुर्माना लगा दिहलें. कंधरापुर क्षेत्र के हरखूपुर गांव में बद्री के बेटा बहरइची के मजदूरी करे से मला कइला ला 8 जुलाई 1995 के सँझिया सेवक यादव, फूलचंद यादव, बदन यादव आ शिवलाल उर्फ शिवप्रसाद ओकरा के जाति सूचक गाली देत ओकरा के सरले पिटले रहलें. जुर्माना के राशि में से बीस हजार रूपिया पीड़ित के दिहल जाई.


छपरा-औंड़िहार रेल खण्ड पर “फतेहपुर अटवा” हाल्ट चालू

वाराणसी, 28 फरवरी (वार्ता). पूर्वोत्तर रेलवे के छपरा जंक्शन-औंड़िहार रेल खण्ड के शाहबाज कुली आ गाजीपुर घाट टीसन का बीच बनल फतेहपुर अटवा हॉल्ट पर चार मार्च से तीन जोड़ी गाड़ियन के ठहराव होखे लागी. एही दिल एह टीसन के उद्घाटन कइल जाई.
रुके वाली गाड़ी होखीहें स 55133-55134 बलिया-वाराणसी सिटी सवारी गाड़ी, 75103 फेफना जं.-वाराणसी सिटी डेमू सेवा गाड़ी, आ 55131-55132 वाराणसी सिटी-छपरा सवारी गाड़ी.


गोरखपुर-आनन्द विहार टर्मिनस का बीच एक जोड़ी साप्ताहिक होली विशेष गाड़ी

गोरखपुर 28 फरवरी (वार्ता). होली पर होखे वाला भीड़ के ध्यान में राखत गोरखपुर आ आनन्द विहार टर्मिनस के बीच एक जोड़ी साप्ताहिक होली विशेष गाड़ी के दू फेरा चलावे के फैसला कइल गइल बा. गाड़ी संख्या 05045 3 आ 10 मार्च को गोरखपुर से 15.00 बजे खुली आ खलीलाबाद, बस्ती, गोण्डा, सीतापुर कैंट, बरेली, मुरादाबाद, गाजियाबाद होत दूसरका दिने आनन्द विहार टर्मिनस 05.50 बजे पहुँची. गाड़ी संख्या 05046 आनन्द विहार टर्मिनस-गोरखपुर साप्ताहिक विशेष गाड़ी 4 आ 11 मार्च को आनन्द विहार टर्मिनस से 07.40 बजे खुली आ एही राहे दुसरका दिने गोरखपुर 21.45 बजे पहुँची.


जीजा से कहासुनी का बाद साला आगि लगा के मर गइल

सोनभद्र, 28 फरवरी (वार्ता). धोरपा गांव के 15 बरीस के लड़िका रविन्द्र पिछला छह माह से अपना जीजा पिकअप चालक करहिया के लाल बहादुर का साथे खलासी के काम करत रहल. काल्हु दुनु का हीच कवनो बाति पर कहासुनी हो गइल आ रविन्द्र सोनभद्र के विण्ढमगंज इलाका में एगो गुमटी का लगे अपना पर मिट्टी तेल डालि के आग लगा लिहलसि. बहुते झँउसि गइल रविन्द्र के सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र दुद्धी में भर्ती करावल गइल बाकिर ओहिजा से जिला अस्पताल रेफर क दिहलें डॉक्टर. आजु सबेरे रविन्द्र के मौत हो गइल.


मिर्जापुर में अवकाश प्राप्त अध्यापिका के गरदन रेतके हत्या

मिर्जापुर 28 फरवरी (वार्ता). मिर्जापुर के अहरौरा इलाका में दू गो हमलावर एगो रिटायर्ड अध्यापिका के गरदन रेतके हत्या कर दिहलें आ उनुका बेटीओ के घाहिल क दिहलें स. अहरौरा इलाका के भुडकुड़ा गांव में 65 बरीस के रिटायर्ड अध्यापिका कौशल देवी अपने 35 बरीस के बे़टी प्रीति का साथे रहत रहली. एह मामिला में पुलिस दुनु आरोपियन – बरकत आ जूडी – के गिरफ्तार क लिहले बिया.


बस्ती में एगो टाइपिस्ट के छूरा भोंक भोंक के हत्या

बस्ती 28 फरवरी (वार्ता) बस्ती के हर्रैया इलाका में कचहरी में टाईप करे वाला इकटिहवा के शिवशंकर चौधरी (50) काल्हु साँझे अपना घरे जात रहलन जब पेंदा गांव का लगे प्रदीप नामके एगो हमलावर छूरा से हमला कर दिहलसि आ उऩुकर जान ले लिहलसि. पुलिस बतावत बिया कि जमीनी विवाद का चलते ई खून भइल बा.