नयी दिल्ली 03 मार्च (वार्ता) त्रिपुरा में ऐतिहासिक सफलता हासिल करत भारतीय जनता पार्टी बँवारा गोल के गढ़ ढाह दिहलसि आ नागालैंड में अपना सहयोगी दलन का साथे सरकार बनावे के मजबूत स्थिति में बिया. बाकिर मेघालय में कवनो गोल सरकार बनावे जोग बहुमत हासिल नइखे कर पवले आ छोटका छोटका गोले तय करीहें कि सरकार के बनावे.
त्रिपुरा में पिछला विधानसभा चुनाव में हर सीट पर आपन जमानत जप्त करावे वाली भाजपा अबकी का चुनाव में अकेलहूं सरकार बनावे के ताकत जुटा लिहले बिया आ अपना सहयोगी गोलन का साथे दू तिहाई बहुमत हासिल कर लिहले बिया.
भाजपा के शानदार प्रदर्शन से बँवारा गोलन के पचीस बरीस पुरान किला ढाह दिहलसि. साठ सदस्य वाली विधानसभा के 59 सीटन पर चुनाव भइल रहे आ एहमें से भाजपा के 35 सीटन पर जीत भइल बा. अकेलहीं बहुमत हासिल कर लिहले भाजपा के सहयोगी इंडिजिनस पीपुल्स फ्रंट ऑफ त्रिपुरा (आईपीएफटी) के आठ सीट पर जीत मिलल बा. एह तरह भाजपा गठबंधन के विधानसभा में दू-तिहाई से अधिका बहुमत मिल गइल बा.
भाजपा के एह जीत से राज्य में लगातार 25 वर्ष से चलत आ रहल माकपा शासन के अंत हो गइल बा आ माता त्रिपुरसुंदरी के आशीर्वाद से त्रिपुरा के लोग आजु आजादी मिले जइसन जश्न मना रहल बा. बीत बरीस से मुख्यमंत्री माणिक सरकार धानपुर सीट से 5441 भोट का अंतर से जीतल बाड़ें. पिछला चुनाव में 50 का करीब सीट जीते वाला बँवारा गोलबन्दी अबकी 16 सीट पर समेटा के रह गइल बा. ई सगरी सीत माकपा के मिलल बा आ ओकरा सहयोगी गोलन के खाता नइखे खुलल. पश्चिम बंगाल का बाद आब ओकर एगो अउर गढ़ ढह गइल बा.
सबले बेसी नुकसान में कांग्रेस बिया जेकरा त्रिपुरा आ नागालैण्ड में एको सीट जीते के नइखे मिलल. पिछला चुनाव में कांग्रेस का लगे 10 गो सीट रहुवे.
नागालैंड में भाजपा गठबंधन बहुमत का ओर
कोहिमा 03 मार्च (वार्ता). नागालैंड विधानसभा चुनाव के अब ले आइल नतीजन में भारतीय जनता पार्टी अपना गठबंधन सहयोगी नेशनलिस्ट डेमोक्रेटिक प्रोग्रेसिव पार्टी (एनडीपीपी) का साथे मिल के सरकार बनावे लायक जीत हासिल करे का कगार पर बिया.
अब ले घोषित 26 गो परिणामन में से सात गो भाजपा जीत चुकल बिया आ चार गो पर आगे चलत बिया, एनडीपीपी के पांच सीट हासिल हो चुकल बा आ 11 सीटन पर बढ़त बनवले बावे. ओने सत्ता चलावत नागा पीपुल्स फ्रंट के 13 सीट पर जीत मिलल बा आ 11 पर ओकर बढ़त बा. एक सीट निर्दलीय उम्मीदवार जीतले बाड़ल त तीन गो सीट पर नेशनल पीपुल्स पार्टी. एक सीट पर जनता दल यू आगे चलत बावे. एनपीएफ भाजपा साथे सरकार बनावे बाति कहत बिया.
मेघालय में त्रिशंकु विधानसभा
शिलांग 03 मार्च (वार्ता) मेघालय के मतदाता कवनो गोल पर भरोसा नइखन देखवले. एहिजा साठ सदस्य वाली विधानसभा के 59 सीट ला चुनाव भइल रहे. एहमें 21 सीट जीत के कांग्रेस सबसे आगा बिया. नेशनल पीपुल्स पार्टी (एनपीपी) 19 सीट जीतले बिया. भाजपा के बस मूँह लुकावे भर के दू गो सीट मिलल बा. हालांकि भाजपा आ एनपीपी मिल जाए के पूरा उमेद बा.
युनाइटेड डेमोक्रेटिक पार्टी (यूडीपी) को झोरा में छह गो सीट गइल बा. चार गो सीट पीपुल्स डेमोक्रेटिक फ्रंट के मिलल बा त दू गो सीट हिल स्टेट पीपुल्स डेमोक्रेटिक पार्टी के. एक एक सीट पर खुन हाईन्यूट्रेप नेशनल अवेकनिंग मूवमेंट (केएचएनएएम) आ राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी के जीत मिलल बा त तीन गो सीट निर्दलीय का हाथे लागल बा.