web analytics

टटका खबर, भोजपुरी पट्टी से, 3 मार्च 2018, शनिचर

गोरखपुर में योगी जी लगवनी जनता दरबार
गोरखपुर 03 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शनिचर का दिने गोरखपुर में लागल जनता दरबार में करीब 150 फरियादियन के समस्या सुननीं आ ओकरा समाधान के आश्वासन दिहनी. एहसे पहिले सबेरे साढ़े पांच बजे अपना कक्ष से निकल के योगी जी सीधे गुरू गोरक्षनाथ के दर्शन करे चहुँपनी आ गुरू गोरक्षनाथ के विधिवत पूजा अर्चना का बाद ब्रहमलीन गुरू अवेद्यानाथ के समाधि स्थल पर जाके उनकर आशीर्वाद लिहनी. फेर गौशाला जा के गायन के अपना हाथ से गुड़ चना खिअवनी. जनता दरबार साढ़े नौ बजे ले चलल आ ओकरा बाद मुख्यमंत्री शिवावतारी बाबा गोरखनाथ के दर्शन क के 11 बजे लखनऊ ला रवाना हो गइनी.


सहजवना में एगो नवही के गरदन दबा के हत्या
गोरखपर 03 मार्च (वार्ता). गोरखपुर के सहजनवा इलाका में चरराव गांव में अपना घरे सूतल बीस बरीस के मनजीत सिंह के घर में घुस के कुछ लोग गरदन दबा के मुआ दिहलसि. सबेरे खटिया पर पड़ल लाश देख के मनोज के भाई पुलिस के एकर जानकारी दिहले. तीन लोग पर नामजद कइल गइल बा. कहल जात बा कि जमीनी झगड़ा का चलते ई खून भइल बा.


कैमूर में दू गोल के लड़ाई, 44 जने गिरफ्तार
भभुआ 03 मार्च (वार्ता). बिहार के कैमूर जिला के भभुआ इलाका के रूइया गांव में होली का मौका पर दू गोल में भइल मारपीट का बाद पुलिस मामिला सम्हरलसि. दुनु तरफ के मिला के 150 लोग का खिलाफ मामिला दर्ज करावल गइल बा आ पुलिस एहमें से 44 लोग के गिरफ्तार क लिहले बिया, झगड़ा के शुरुआत रंग लगवला का बाद भइल. हालात काबू में बा.


देवरिया में नवही नवहिन के लाश मिलल
देवरिया, 03 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश में देवरिया जिला के बनकटा इलाका में ईगुरी ढाला का लगो एगो 25 बरीस के नवही के लाश रेल लाइल का किनारे मिलल. सिवान से गोरखपुर जात पैसेंजर ट्रेन के चालक एह लाश के जानकारी बनकटा टीसन मास्टर के दिहलन. कुछेके देर बाद कुछ लोग जानकारी दीहल कि एगो नवहीन के लाशो प्लेटफार्म नम्बर दू का किनारे पड़ल बा. नवही का माथ आ पीठ पर चोट के निशान बा, मूड़ी फाट गइल बा. ऊ लाल टी शर्ट आ पीयर हाफ पैंट पहिनले रहल आ नवहिन पीयर सलवार सूट. लाशन के तलाशी में पुलिस के कुछ ना मिलल.


सोनभद्र में नवही फांसी लगा लिहलसि
सोनभद्र 03 मार्च (वार्ता). सोनभद्र जिला के चोपन इलाका में सिंदूरिया गांव के टोला बखड़ौऊर में रामस्वरुप के 25 बरीस के बेटा छांगूर शुक का राति में घर का लगे के नीम के पेड़ पर फंदा बनाके फांसी लगा के जान दे दिहलसि. एकर जानकारी सबेरे दिशा मैदान ला निकलल लोग के देखला का बाद भइल. पुलिस छानबीन करत बिया.


भदोही में रंग फेंकला का चलते भइल मारपीट
भदोही 03 मार्च (वार्ता). भदोही के कोतवाली इलाका के रमयनपुर गांव के एगो ब्राह्मण लड़िका पर करियांव बाजार के जायसवाल परिवार के लोग काल्हु साँझे रंग डाल दीहल. आजु सबेरे जब ऊ कनवो काम से करियांव बाजार आइल त कुछ लोग ओकरा के पकड़के पिटाई क दीहल. एकरा बाद रमयनपुर के लगभग दर्जन लोग मोटरसाइकिल पर सवार हो के करियांव बाजार पहुंचल आ दुनु जरफ से मारपीट होखे लागल. एह बीच पाँच गो मोटरसाइकिलन में आग लाग दीहल गइल. मामला दर्ज क के आरोपियन के गिरफ्तारी में लागल बिया पुलिस.


देवरिया में नशेबाज कइलें पुलिसे पर हमला
देवरिया, 03 मार्च (वार्ता). देवरिया जाला के भटनी कस्बा में होली का दिने सबेरे पुलिसकर्मी चारपहिया वाहन से पेट्रोलिंग करत रहलें. एह बीच नशा में धुत नवहियन के एगो गोल पुलिस के गाड़ी रोके चहलसि आ ना रुकला पर पत्थर फेंक के वाहन क्षतिग्रस्त क दिहले सँ आ पुलिस से मारपीट करे लगलें, पुलिस एह मामिला में एगो आदमी के हिरासत में लेके जांच करत बिया. होली का दिने एकौना क्षेत्र में एगो बाप बेता के छूरा घोंप के जान ले लीहल गइल. आ अब भटनी क्षेत्र में पुलिसकर्मियन पर हमला पुलिस के लचर रवैया देखावत बा.
एकौना इलाके के बिशुनपुर बगही गांव के योगेंद्र सिंह (48) गांव में होली खेले निकलल रहलें. देखलें कि एगो गाड़ी से कुछ लोग के जान जात जात बाचल त ओह गाड़ी के चालक के पकड़ लिहलन. एही पर झगड़ा बढ़ गइल आ साँझ बेरा गाड़ी मालिक परिवार के लोग योगेंद्र सिंह आ उनुका बेटा राजन सिंह (24) के छूरा से गोद गोद के जान ले लीहल.


इनार में गिरला से महतारी-बेटी के मौत
मिर्जापुर 03 मार्च (वार्ता). मिर्जापुर के हलिया इलाका के ऊटी गांव के शिवशंकर के पत्नी कविता देवी (23) काल्हु रात अपना छह महीना के बेटी के गोदी में लिहले गांवे में दीनानाथ के बेटा के शादी में जात रहली जब राहें में गोड़ बिछलइला से इनार में जा गिरली आ महतारी बेटी के मौत हो गइल.


जौनपुर में जमीनी विवाद में मारपीट, एक जने के मौत
जौनपुर 03 मार्च (वार्ता). जौनपुर के सरायख्वाजा इलाका के जेठपुरा गांव के ग्राम प्रधान राजमणि यादव आ राजनाथ यादव के परिवार का बीचे ढेर दिन से जमीनी विवाद चलत रहे. काल्हि एक फरीक के लोग जमीन पर कुछ बनवावे लागल त ग्राम प्रधान पक्ष के लोग ओहिजा जा के राजनाथ, कतवारू, आ जयपाल यादव के लाठी से पिटाई क दिहलें. घवाहिल लोग में से वाराणसी के अस्पताल में राजनाथ के मौत हो गइल बा आ कतवारू अउऱ जयनाथ के हालत नाजुक बा. पुलिस एगो आरोपी के हिरासत में लेके पूछताछ करत बिया.


संतकबीरनगर में पेड़ से लटकल लाश मिलल
संतकबीरनगर 03 मार्च (वार्ता). दुधारा इलाका के बाकरगंज के संतोष जायसवाल (22) काल्हु देर राति नलकूप का लगे का पेड़ पर फांसी लगाके जान दे दिहलसि. सबेरे गाँव के लोग लाश लटकत देख के पुलिस के खबर कइल. फाँसी लगावे के कारण पता नइखे चलल.


चंदौली में दू गो लडि़कन के पोखरा में डूबला से मौत
चंदौली 03 मार्च (वार्ता). सैय्यदराजा इलाका के पोखरा में डूब के दू गो लड़िकन के मौत हो गइल. पुलिस वलावल बिया कि हरिओम साहू (17), दीपक (17), आ चंदन (18) काल्हु फगुआ खेलला का बाद साँझ बेरा पोखरा में नहाए ढुकलें त दीपक डूबे लागल. हरिओम बचावे गइल त उहो डूबे लागल. चंदन ओह लोग के बचावे के कोशिश कइलसि बाकिर बचा ना पावल. गोताखोर आ के दुनु लाश पोखरा से निकललें.

 263 total views,  1 views today

%d bloggers like this: