web analytics

सुंजवान हमला के मास्टरमांइड जैश आतंकवादी मुफ्ती वकास का मार गिरावत गइल


श्रीनगर 05 मार्च(वार्ता) सेना के सोमार का दिने एगो बड़हन सफलता मिलल जब ऊ जैश- ए -मोहम्मद के आतंकवादी मुफ्ती वकास के मार गिरवलसि. वकास पिछला महीना भइल सुंजवान सेना शिविर हमला के मास्टरमाइंड बतावल जा रहल बा.

पुलवामा के अवंतिपोरा इलाका में सेना के 50 राष्ट्रीय राइफल्स आ विशेष कार्रवाई दल (एसओजी) के साझा अभियान में सुंजवान हमला के मास्टरमाइंड के मार गिरावल गइल. एह अभियान में एगो पुलिसकर्मी घवाहिल हो गइल आ उनुका के इलाज लो अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

जैश -ए -मोहम्मद के ई आतंकवादी ‘ए प्लस प्लस’ ग्रेड के आतंकवादी रहुवे. 10 फरवरी के सेना के दक्षिण कश्मीर के लेथीपोरा सीआरपीएफ शिवर आ जम्मू के सुंजवान सेना शिविर पर हमला करे में मुख्य हाथ वकासे के रहुवे. पचास घंटा ले चलल सेना आ आतंकवादियन के एह मुठभेड़ में पांच गो सेनाकर्मियन समेत कुल छह लोग मारल गइल रहल्ं.

अधिकारियों के सोमार साँझ जानकारी मिलल कि पुलवामा के अवंतिपोरा के हटवार में वकास मौजूद बा. एकरा बाद 50 राष्ट्रीय राइफल्स, एसओजी आ केन्द्रीय रिजर्व पुलिस बल के साझा अभियान में इलाका के घेर लीहल गइल आ वकास के ढ़ेर करे के सफलता मिल गइल. वकास पाकिस्तानी रहुवे आ ओकरा लगे से आईईडी बनावे के सामान ,घातक हथियार आ अउरिओ सामान मिललल बा. जैश- ए-मोहम्मद के कमांडर नूर मोहम्म्द तांत्रे के सरइला का बाद वकास के ऑपरेशनल कमांडर बनावल गइल रहे.

 14 total views,  1 views today

%d bloggers like this: