जौनपुर, 07 मार्च (वार्ता). जौनपुर में वीर बहादुर सिंह पूर्वांचल विश्वविद्यालय आईएएस, पीसीएस के प्रतियोगी परीक्षा के तइयारी करे वाला विद्यार्थियन के मुफ्त कोचिंग कराई.
विवि के कुलपति प्रो0 राजाराम यादव आजु एह निःशुल्क कोचिंग सुविधा के उद्घाटन करत कहलन कि प्रतियोगी परीक्षन में निराशा घातक होले आ विद्यार्थियन के अपना मन से निराशा के हटा देबे के पड़ी. एह भागमभाग के जिंदगी में धीरज आ आत्मविश्वास होखल जरूरी बा. प्रबल आत्मविश्वासे से विजय मिलेला.
कहलन कि शिक्षक आ कोचिंग के काम विद्यार्थियन के मार्गदर्शन कइल होला, बाकिर सफलता मेहनत करे वालहीं के मिलेला. कंटीले राह पारर करत जे आपन लक्ष्य हासिल कर लेला, सही मायने में ओकरे वास्तविक सुख के अनुभूति होला.
एकरा पहिले सादात डिग्री कालेज के प्राचार्य रहल डा0 अपरबल राम यादव कहलन कि आर्थिक रूप से कमजोर विद्यार्थियन ला ई कोचिंग वरदान साबित होखी आ एहसे इलाका, गांव आ विश्वविद्यालय के नाम रोशन होखी.
124 total views, 1 views today